[the_ad_group id="30365"]

IND vs WI: WI दौरा खातिर भइल टीम इंडिया के एलान, यशस्वी जायसवाल आ रुतुराज गायकवाड़ के टेस्ट टीम में एंट्री

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

वेस्टइंडीज दौरा खातिर वनडे आ टेस्ट टीम के एलान कs दिहल गइल बा। टेस्ट टीम में पहिला बेर यशस्वी जायसवाल आ रुतुराज गायकवाड़ के सामिल कइल गइल बा । ओहिजा, अजिंक्य रहाणे के फेर से क्रिकेट के सबसे लमहर फॉर्मेट में उपकप्तान के जिम्मेदारी सउपल गइल बा। संजू सैमसन आ उमरान मलिक के वनडे टीम में मवका दिहल गइल बा।

यशस्वी जायसवाल आ रुतुराज के मिलल मवका

यशस्वी जायसवाल आ रुतुराज गायकवाड़ के आईपीएल 2023 में बेहतरीन प्रदर्शन के इनाम मिलल बा। दुनो खेलाड़ियन के पहिला बेर भारतीय टेस्ट टीम में सामिल कइल गइल बा। रुतुराज के प्रदर्शन इंडियन प्रीमियर लीग में बेमिसाल रहल रहे। चेन्नई सुपर किंग्स के तरफ से खेलत सलामी बल्लेबाज 16 मैचन में 147 के स्ट्राइक रेट से 590 रन कूटले रहस।


 

ओहिजा, यशस्वी जायसवाल राजस्थान रॉयल्स के ओर से खेलत 14 मैचन में 625 रन जड़लें रहस। एकरा संगही घरेलूओ क्रिकेट में यशस्वी के बल्ला जमके बोलत रहे, जवना के चलते उनका के लगातार टीम में सामिल करे के मांग उठत रहे। ओहिजा, टेस्ट टीम में लमहर समय बाद नवदीप सैनी के वापसी भइल बा।

रहाणे फेर बनलें उपकप्तान

वर्ल्ड टेस्ट चैंपियनशिप के फाइनल मुकाबला में बल्ला से सानदार प्रदर्शन करे के इनाम अजिंक्य रहाणे के मिलल बा। रहाणे के फेर से टेस्ट टीम के उपकप्तान नियुक्त कs दिहल गइल बा। रहाणे डब्ल्यूटीसी फाइनल के दुनो पारियन में सानदार प्रदर्शन कइले रहस।

वनडे में सैमसन आ उमरान के वापसी

वेस्टइंडीज दौरा खातिर चुनल गइल वनडे टीम में संजू सैमसन के एकबेर फेर वापसी भइल बा। एकरा संगही आईपीएल 2023 में कुछ खास प्रदर्शन ना रहला के बावजूद उमरान मलिक के वनडे टीम में मवका दिहल गइल बा। मुकेश कुमार टेस्ट आ वनडे दुनुए टीम में आपन जगह बनावे में सफल रहल बा। एकरा संगही रुतुराज गायकवाड़ के वनडेहु के टीम में रखल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]