Gorakhpur News :  “उपभोक्तावादी संस्कृति में अपरिग्रह के भावना पर्यावरण बचावे के मूल मंत्र हs”- प्रो. शैल पांडे

Share

गोरखपुर। डीएवी पीजी कॉलेज, गोरखपुर में सुक के दिन राष्ट्रीय सेवा योजना (NSS) के दयानंद आ विवेकानंद इकाई द्वारा चल रहल सप्त-दिवसीय विशेष शिविर के छठवां दिन कइयन तरे के गतिविधियन के संगे संपन्न भइल।

एह दौरान शिविर में सामिल विद्यार्थी तेलियाना टोला, मुफ्तीपुर इलाका में जाके जनसंपर्क कइल लोग आ आर्थिक-सामाजिक सर्वेक्षण कइलें। छात्र-छात्रा लोग घर-घर जाके परिवार के सदस्यन के शिक्षा, रोजगार, आर्थिक इस्थिति आ सामाजिक हालत से जुड़ल जानकारी जुटा के ओकरा के सूचीबद्ध कइलें।

शिविर के बौद्धिक सत्र में मुख्य अतिथि प्रो. शैल पांडे विद्यार्थी लोगन के संबोधित करत कहलें कि पर्यावरण संरक्षण खातिर हमनी के अपना जड़ के ओर लवटे के जरूरत बा। ऊ जोर देत कहलें कि आज के उपभोक्तावादी संस्कृति में “अपरिग्रह” माने कम चीज रखे के भावना पर्यावरण बचावे के सबसे बड़ उपाय हs।

विशिष्ट अतिथि डॉ. संजय मिश्रा बढ़त प्रदूषण के कारणन पs चरचा कइलें आ ओकरा से बचे के उपाय बतवलें।

सांझ के सत्र में आयोजित कैम्प फायर कार्यक्रम में छात्र-छात्रा लोग आपन प्रतिभा देखावल। आस्था, आदर्श, रामनरेश, उजाला, जाह्नवी, सृष्टि, रिद्धिमा आ आउर स्वयंसेवक साहित्य, संगीत आ अभिनय के माध्यम से सानदार प्रस्तुति दिहल लोग।

कार्यक्रम अधिकारी प्रतिभा गुप्ता अतिथियन के स्वागत कइली, जबकि मंच संचालन डॉ. शत्रुघ्न सिंह द्वारा कइल गइल। सरस्वती वंदना जेनिश आ स्वागत गीत राधा प्रस्तुत कइली।

एह मवका पs प्रो. अमृता श्रीवास्तव, डॉ. विनोद गुप्ता, डॉ. राजेश राय, डॉ. कुलदीप द्विवेदी, डॉ. अभिषेक गुप्ता, डॉ. प्रमोद त्रिपाठी सहित कइयन गो शिक्षक-शिक्षिका आ श्रद्धा, रितिका, अनमोल, आदर्श, विनय, जाह्नवी, अनूप, सुमेर, आयुष जइसन कइयन गो स्वयंसेवक मवजूद रहल लोग।

Read Also: Eid : देसभर में ईद के जश्न आज, दिल्ली के छोट-बड़ बाजारन से लेके गली-मुहल्ला तक रौनक, अदा कइल गइल नमाज

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-