केंद्रीय जांच ब्यूरो (CBI) नेशनल स्टॉक एक्सचेंज (एनएसई) को-लोकेशन मामिला में मुख्य आरोपी आनंद सुब्रमण्यम के गिरफ्तार क लेहले बिया। सूत्रन के कहनाम बा कि सीबीआई पिछले तीन दिन में कई बेर चेन्नै में आनंद सुब्रमण्यम के पूछताछ खातिर बोलवले रहलि ह। अंत में आनंद से लमहर पूछताछ के बाद एजेंसी पवलस कि एनएसई मामिला में बतावल अनियमितता के चलते उनकर गिरफ्तारी जरूरी बा।
CBI के सूत्र एएनआई के बतवने सब कि नेशनल स्टॉक एक्सचेंज के पूर्व एमडी चित्रा रामकृष्ण के पहिले ग्रुप ऑपरेटिंग ऑफिसर अउर सलाहकार आनंद सुब्रमण्यम के एनएसई मामिला मे चेन्नई से सीबीआई बियफ्फे के रात के गिरफ्तार कइलस ह। सीबीआई जांच में कहल गइल बा कि समूह संचालन अधिकारी आनंद सुब्रमण्यम के नियुक्ति एनएसई के अध्यक्ष अउर एमडी चित्रा रामकृष्णन करवले रहली|
साभार – दैनिक जागरण
Post Views: 162