शेयर मार्केट आज: रूस-युक्रेन तनाव कम होखला के उमेद से शेयर बाजार में तेजी

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 16, 2022

Sensex-Nifty Today: सुरुआती कारोबार में आज सभे सेक्टरन में लिवाली लउकल, जेमे बेंचमार्क इंडेक्स ऊपर चढ़ गइल। भोरे 9 बजके 18 मिनट पs BSE Sensex 320 अंक आ 0.55 फीसदी के बढ़त के संगे 58,462 के स्तर पs पहुंचल रहे। ओहिजा, NSE Nifty 84 अंक आ 0.48 के तेजी लेले 17,436 के स्तर पs पहुंचल।

Share

मुंबई- मंगर के साँझ के बाजार में तेजी अइला के बाद बुध के भोरहूँ घरेलू शेयर बाजार में मजबूती के संगे खुलल। सुरुआती कारोबार में आज सभे सेक्टरन में लिवाली लउकल, जेमे बेंचमार्क इंडेक्स ऊपर चढ़ गइल। भोरे 9 बजके 18 मिनट पs BSE Sensex 320 अंक आ 0.55 फीसदी के बढ़त के संगे 58,462 के स्तर पs पहुंचल रहे। ओहिजा, NSE Nifty 84 अंक आ 0.48 के तेजी लेले 17,436 के स्तर पs पहुंचल।

ओइसे सुरूआतीये घंटा में बाजार में फ्लैट ट्रेंडिंग सुरू हो गइल। दुनों बेंचमार्क भोरे 10 बजे के अगरी-कगरी फ्लैट चलत रहे। सेंसेस्क 15.47 अंक आ 0.03% के तनिका बढ़त के संगे 58,157.2 के स्तर पs रहे। ओहिजा, निफ्टी 18.50 अंक आ 0.11% के तेजी के संगे 17,371 के स्तर पs रहे।

बता दिहल जाव रूस-यूक्रेन के बीचे तनाव कम होखला के उमेद लउकत बा। मंगर के रूस दावा कइलस कि उ यूक्रेन के लगे अपना बार्डर पs तैनात सेना के कुछ टुकड़ियन के हटा रहल बा, एसे ओहिजा रूस के मवजूदगी कम होखला से जुध के आसंका कम भइल बा। जवना से बुध के एशियाई बाजार में तेजी लउकल।

साभार: एनडीटीवी 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.