अब इहां बन गइल योगी मंदिर, हर दिन होला आरती, बजावल जाला भजन

Share

उत्तर प्रदेश में राम मंदिर के पूरा होखले से पहिले अयोध्या में अब एगो अउर मंदिर बन के तैयार बा, जौन पर्यटकन खातिर मुख्य आकर्षण बन रहल बा। भदरसा गांव में अयोध्या-प्रयागराज हाईवे पर अयोध्या से करीब 25 किलोमीटर दूर उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के समर्पित एगो मंदिर बनल बा। मंदिर भरत कुंड के लग्गे स्थित बा। मुख्यमंत्री के मूर्ति में उनके धनुष अउरी बाण लिहल दिखावल गइल बा। एह मंदिर में हर साँझ उनकर आरती कइल जाला।

मंदिर के निर्माण करावे वाले प्रभाकर के कहनाम बा कि ई उनके संकल्प के पूर्ति के भी साक्षी ह। दरअसल, उनकर संकल्प रहल कि जे भी अयोध्या में श्री राम के जन्मभूमि पs उनकर भव्य अउरी दिव्य मंदिर बनवाई, ऊ उनकर मंदिर बनवइहें। अब जब श्री राम के भव्य मंदिर बन रहल बा त उनकर संकल्प पूरा हो जाई। जन्मभूमि पर श्री राम मंदिर निर्माण के पीछे योगी योगी आदित्यनाथ के बड़ भूमिका रहल बा। एहलिए उ संकल्प के अनुसार उनकर मंदिर बनववले बानें।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-