कोलकाता के लोग अब ‘यात्री साथी’ मोबाइल ऐप पs सरकारी बस के टिकट खरीद सकेले। परिवहन मंत्री स्नेहाशीष चक्रवर्ती इs जानकारी देले। उs कहले कि शुरू में इs सेवा हवाई अड्डा के जोड़े वाला 12 रूट पs उपलब्ध होई अवुरी धीरे-धीरे एकर विस्तार कईल जाई। परिवहन मंत्री कहले कि, “कोलकाता में ‘यात्री साथी’ के माध्यम से ‘डिजिटल टिकटिंग’ के शुरुआत सार्वजनिक परिवहन खातीर एगो बड़ परिवर्तनकारी कदम बा।”
एह तरह से लाभ उठाईं
*यात्री साथी ऐप पs यात्री के सबसे पहिले आपन रूट चुने के होई अवुरी ‘यूनिफाइड पेमेंट्स इंटरफेस (UPI)’ के माध्यम से भुगतान करे के होई।
*एकरा बाद ओह लोग के ‘क्विक रिस्पॉन्स (क्यूआर)कोड’ वाला टिकट मिल जाई.
*कंडक्टर कवनो उपकरण के इस्तेमाल से एकरा के प्रमाणित करीहे।
कैशलेस सिस्टम के माध्यम से भुगतान आसान
मंत्री कहले कि, एकरा से यात्री के सुविधा होई। कैशलेस सिस्टम के साथ ई भुगतान के सरल बनावेला आ ‘डिजिटल’ अपनावे के बढ़ावा देला. परिवहन सचिव सौमित्र मोहन कहले कि एकरा संगे कोलकाता भारतीय के चुनिंदा शहर में शामिल होके सार्वजनिक परिवहन के अवुरी कुशल बनावे खातीर तकनीक के लाभ उठावे खातीर तैयार हो गईल बा।
पश्चिम बंगाल सरकार के सूचना प्रौद्योगिकी (IT) आ सूचना प्रौद्योगिकी-सक्षम सेवा (ITS) विभाग द्वारा विकसित ‘यात्री साथी’ ऐप मुख्य रूप से आपन मंच पs 70 हजार से अधिका टैक्सी चालकन के साथे ‘राइड-हेलिंग’ सेवा प्रदान करेला आ इ अलीपुर चिड़ियाघर सहित कोलकाता के विभिन्न स्थल खातीर ‘डिजिटल टिकटिंग’ सेवाएं भी उपलब्ध करावेला.
इहो पढ़ीं: महाराष्ट्र: अचानक बिगड़ल एकनाथ शिंदे के तबियत, अस्पताल में करावल गइल भरती