[the_ad_group id="30365"]

वैष्णो देवी मंदिर परिसर में लोगन के बीच आ धमकल तेंदुआ, भक्त बोलले- माता के सवारी के हो गइल दर्शन

वैष्णो देवी मंदिर परिसर में लोगन के बीच आ धमकल तेंदुआ
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

हर साल लाखों लोग माता वैष्णो देवी के दर्शन करे जाले, जवना के चलते एs रूट पs सभ ट्रेन अवुरी बस हमेशा भरल रहेले। माता के दर्शन कईला के बाद भक्त प्रसाद के रूप में आशीर्वाद लेके अपना घरे लवट आवेले। कुछ लोग हर साल माता के दर्शन खातिर जाला। माता के दरबार से जुड़ल अयीसन बहुत वीडियो सोशल मीडिया पs अक्सर वायरल हो जाला। अइसने एगो वीडियो अब सामने आइल बा, जवना में देखल जा सकेला कि मंदिर के सीढ़ी पs अचानक तेंदुआ दौड़े लागेला। लोग एह वीडियो के लेके अलग अलग तरह के कमेंट दे रहल बा।

https://www.instagram.com/reel/DDC8pXTppGK/?igsh=MTNmYWlsMnpiemx3ZQ==

वायरल होखे वाला वीडियो में देखल जा सकता कि अचानक लोग के बीच तेंदुआ आ जाला, लोग कुछूओ समझे में असमर्थ हो जाले. एकरा संगे एs दौरान कुछ लोग भी काफी घबराहट में देखाई देतारे। हालांकि तेंदुआ केहु के कवनो नुकसान ना पहुंचावेला अवुरी चुपचाप चल जाला। हालांकि ई वीडियो पुरान बा, जवना के अब एक बेर फेरु से शेयर कइल जा रहल बा।
अब अगर माता के दरबार में तेंदुआ देखाई दिही तs लोग जरूर कुछ करीहे, वीडियो वायरल होखला के बाद लोग एकरा के माता के चमत्कार कहतारे। कुछ लोग कह रहल बा कि मंदिर मे माता के इs सवारी हs। कुछ लोग के मानना ​​बा कि माता के सवारी कबो केहू के नुकसान ना पहुंचा सकेला . इहे कारण बा कि ओहिजा मौजूद भक्तन के कवनो नुकसान ना भइल. हालांकि कमेंट बॉक्स में अयीसन यूजर भी बाड़े जवन कि लोग के बतावत बाड़े कि माता के सवारी के पेट भरल रहे, जवना के चलते उs चुपचाप उहाँ से चल गईले।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]