तिहाड जेल में कैद चित्रा रामकृष्ण के 3.12 करोड़ के नोटिस, ना त संपत्ति जब्त होई

Share

पूँजी बाजार नियामक सेबी मंगल का दिने नेशनल स्टॉक एक्सचेंज (एनएसई) के प्रमुख रहल चित्र रामकृष्ण के नोटिस भेज के 1000 रुपया देबे के कहल गइल बा. एहमें ब्याज आ वसूली के लागत शामिल बा.

नोटिस में इहो चेतावनी दिहल गइल बा कि अगर ऊ 15 दिन का भीतर भुगतान ना कर पवली त उनुका के गिरफ्तार कर लिहल जा सकेला, संपत्ति जब्त कइल जा सकेला आ बैंक खाता जमावल जा सकेला.

सेबी 11 फरवरी के अपना आदेश में रामकृष्ण प 3 करोड़ रुपया के जुर्माना लगा देले रहे। रामकृष्ण के ओर से एनएसई के प्रबंध निदेशक के समूह संचालन अधिकारी अवुरी सलाहकार के रूप में आनंद के नियुक्ति के संगे-संगे कंपनी के गोपनीय जानकारी अज्ञात लोग के साझा करे में परिचालन स्तर प चूक के जुर्माना लगावल गईल रहे।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-