Norway Chess: विश्वनाथन आनंद वर्ल्ड चैंपियन कार्लसन के फेर  हरवले, नॉर्वे चेस में टॉप पs पहुंचले

Anurag Ranjan

भारतीय ग्रैंडमास्टर आ शतरंज के दिग्गज खिलाड़ी विश्वनाथन आनंद ने एक बेर फेर वर्ल्ड चैंपियन मैग्नस कार्लसन के हरा देले बाड़े। आनंद नॉर्वे चेस टूर्नामेंट में क्लासिकल सेक्शन के 5वां राउंड में ई जीत हासिल कइले। अब ऊ एह प्रतियोगिता में पहिला स्थान पs पहुंच गइल बाड़े। आनंद कार्लसन के रोमांचक आर्मेगडन (सडन डेथ गेम) मे हरवले। एकरा पहिले दूनो खिलाड़ियों के बीच खेलल गइल रेग्युलर मैच 40 मूव्स के साथे ड्रॉ रहल।

50 मूव्स में जीतले सडन डेथ गेम

आर्मेगडन के दौरान आनंद अपना पुरान अंदाज में नजर अइले आ 50 मूव्स में विश्व के नंबर 1 खिलाड़ी मैग्नस कार्लसन के हरा देले। अब कार्लसन के लगे कुल 9.5 पॉइंट्स बा आ ऊ एह  टूर्नामेंट में फिलहाल दूसरा स्थान पs बाड़े।

शीर्ष पs आनंद

एह जीत के साथे आनंद प्रतियोगिता के शीर्ष पs पहुंच गइल बाड़े। आनंद के लगे वर्तमान में 10 पॉइंट्स बा। अभी एह टूर्नामेंट में 4 राउंड बाकी बा जेमे शतरंज के सबसे माहिर खिलाड़ियन के आमना सामना होई। एकरा पहिले आनंद वैंग हाओ के हराके आपन तीसरका जीत हासिल कइले रहस। हाओ के हरावे से पहिले ऊ फ्रांस के मैक्सिम वाचियर-लाग्रेव आ बुल्गारिया के वेसलिन टोपालव को हरवले रहस।

ब्लिट्ज वर्ग में हरले कार्लसन

आनंद नॉर्वे चेस टूर्नामेंट के ब्लिट्जो वर्ग में मैग्नस कार्लसन के हरवले रहस। तब आनंद कार्लसन के हराके 7वां दौर में चउथा स्थान हासिल कइले रहस। रउआ के बता दीं कि नॉर्वे चेस टूर्नामेंट में क्लासिक राउंड ड्रॉ होखे के इस्थिति में आर्मेगडन माने सडन डेथ राउंड खेलल जाला।

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।