Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

French Open: राफेल नडाल 14वां बेर बनले फ्रेंच ओपन चैंपियन, फाइनल में कैस्पर रूड के देले मात

1,427

Rafael Nadal vs Casper Ruud, French Open 2022: स्पेन के दिग्गज राफेल नडाल अतवार के इतिहास रच देले. ऊ 14वां बेर फ्रेंच ओपन के खिताब जीतले। एही के साथे ऊ 22 ग्रैंडस्लैम खिताब जीते वाला दुनिया के पहिला आ एकमात्र पुरुष खिलाडियो बन गइले। नडाल पेरिस में खेलल गइल फाइनल मुकाबला मे नॉर्वे के कैस्पर रूड के लगातार सेटन में मात देले।

राफेल नडाल खिताबी मुकाबले में कैस्पर रूड के 6-3, 6-3, 6-0 से हरवले। राफेल नडाल के सेमीफाइनल में एलेक्जेंडर ज्वेरेव के खिलाफ वॉकओवर मिलल रहे। ओहिजा, कैस्पर रूड  सेमीफाइनल में क्रोएशिया के मारिन सिलिच के 3-6, 6-4, 6-2, 6-2 से मात देके खिताबी मुकाबला में जगे बनवले रहस।

268940cookie-checkFrench Open: राफेल नडाल 14वां बेर बनले फ्रेंच ओपन चैंपियन, फाइनल में कैस्पर रूड के देले मात

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.