नई दिल्ली। जेवर में बनल एशिया के सबसे बड़ नोएडा इंटरनेशनल एयरपोर्ट के उद्घाटन पs प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी देस के एविएशन सेक्टर, किसान, युवा आ विकास के लेके बड़ विजन सामने रखलें।
अपना भाषण में ऊ जहां पिछिला सरकारन पs निशाना सधलें, ओहिजा ‘नया भारत’ के तेज रफ्तार विकास यात्रा के जिकिर कइलें। चलीं देखी पीएम मोदी के भाषण के 10 मुख्य बात-
1- जनता से करववलें ‘उद्घाटन’
भाषण के अंत में पीएम मोदी लोग से मोबाइल फ्लैशलाइट ऑन कराके एयरपोर्ट के उद्घाटन करववलें आ कहलें कि ई जनता के ‘अमानत’ हs। उनकर कहनाम बा कि “हम बस परदा उठवनी, उद्घाटन रउआ सभे करीं।”
2- एमआरओ में आत्मनिर्भर बने के लक्ष्य
प्रधानमंत्री कहलें कि पहिले देस में हवाई जहाज के सर्विसिंग सुविधा पर्याप्त ना रहे आ 85% विमान बिदेस भेजे के पड़त रहे। अब जेवर में एमआरओ सुविधा से भारत आत्मनिर्भर बनी।
3- उड़ान योजना से आम लोगन के फायदा
UDAN योजना के जिकिर करत पीएम मोदी कहलें कि अब तक 1.6 करोड़ लोग हवाई यात्रा कइले बा आ एकरा खातिर 29 हजार करोड़ रुपिया मंजूर भइल बा।
4- 2014 के बाद एयरपोर्ट में बड़ा इजाफा
ऊ कहलें कि 2014 से पहिले देस में 74 एयरपोर्ट रहे, जवन अब बढ़ के 120 से ऊपर हो गइल बा। ई ‘उड़ान’ के विस्तार के प्रमाण बा।
5- इथेनॉल से कम भइल कच्चा तेल के आयात
किसानन के सराहना करत पीएम मोदी कहलें कि गन्ना से बनल इथेनॉल के वजह से देस के करीब 4.5 करोड़ बैरल कच्चा तेल के आयात घट गइल।
6- नोएडा पs पुरान सरकारन के तंज
ऊ कहलें कि पहिले के मुख्यमंत्री अंधविश्वास के कारण नोएडा आवे से डेरात रहे लोग, जबकि अब ई इलाका विकास के प्रतीक बन गइल बा।
7- दादरी बनी लॉजिस्टिक हब
प्रधानमंत्री कहलें कि दादरी में दूगो बड़ फ्रेट कॉरिडोर मिल रहल बा, जवना से किसान आ बेयपारी के सामान आसानी से दुनियाभर पहुंच सकी।
8- हर 2 मिनट में एगो उड़ान के लक्ष्य
नोएडा एयरपोर्ट के बारे में कहलें कि एह एयरपोर्ट से हर 2 मिनट में एगो फ्लाइट उड़ान भरी। ई देस के एविएशन भविष्य के संकेत बा।
9- नवहन खातिर रोजगार के अवसर
एमआरओ आ एयरपोर्ट प्रोजेक्ट से बहुत संख्या में नवहा लोगन के रोजगार मिली।
10- यूपी बनल इंटरनेशनल एयरपोर्ट के हब
ऊ कहलें कि अब उत्तर प्रदेश देस के ऊ राज्य बन गइल बा, जहां सबसे जादे इंटरनेशनल एयरपोर्ट बा।
ई उद्घाटन खाली एयरपोर्ट के ना, बलुक उत्तर प्रदेश आ देस के इंफ्रास्ट्रक्चर, एविएशन आ आर्थिक विकास के नया जुग के सुरुआत के रूप में देखल जा रहल बा।
साभार: दैनिक जागरण
Read Also: Odisha Accident : नयागढ़ में टूरिस्ट बस पलटल, पांच लोग के मौत








