नितिन गडकरी से बढ़िया पीएम केहू ना हो सकेला… बिहार के एगो बड़ नेता के राय

Share

बिहार के पूर्णिया लोकसभा सीट से निर्दलीय चुनाव जीते वाला पप्पू यादव कहले बाड़न कि उनका नजर में जदी केंद्र में एनडीए के सरकार बनल तs नितिन गडकरी से बढ़िया पीएम उम्मीदवार ना हो सके। अपना दम पर पूर्णिया जीते वाला कांग्रेसी नेता रहल पप्पू यादव आपन राय बतवले ।

ऊ कहले कि पूरा माफिया सिस्टम ना चाहत रहे कि पूर्णिया में पप्पू यादव जीतस। ऊ कहले कि उनकर मकसद पूर्णिया के लोग के बीच रहे के बा। पूर्णिया से अपना रिश्ता बना के रखे। राजद उम्मीदवार से लड़ाई के सवाल पs पप्पू यादव कहले कि कांग्रेस के यूपी निहन बिहार में इज्जत ना मिलल। कांग्रेस यूपी में 17 सीट पs चुनाव लड़लस आ अखिलेश यादव से पारिवारिक संबंध रहे। प्रियंका गांधी मेहनत कइली

राहुल गांधी बिहार में महज नौ सीट ले के सब कुछ दे दिहले। ऊ कहले कि कवनो दिक्कत नइखे, हम गठबंधन के धर्म के पालन करब। अरविंद केजरीवाल से गठबंधन कायम रही। पप्पू यादव पूर्णिया में जदयू प्रत्याशी संतोष कुशवाहा के करीब सोलह हजार वोट से हरा दिहले बाड़न ।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-