पटना। बिहार में नया सरकार के गठन अगिला एक हफ्ता में हो सकत बा। एकरा पहिले 10 अप्रिल के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार राज्यसभा के शपथ लिहें।
14 अप्रिल को ऊ इस्तीफा दिहें आ 15 अप्रिल के नया सरकार के गठन हो सकत बा। मंत्री विजय कुमार चौधरी बतवलें कि नीतीश कुमार नव अप्रिल के दिल्ली खातिर रवाना होइहें।
अकेले नीतीश कुमार के होई शपथ
अगिला दिन राज्यसभा सदस्य के रूप में शपथ लेला के एक दिन बाद 11 अप्रिल के ऊ पटना लवट जइहें। एकरा बाद सरकार गठन के प्रक्रिया होई।
एने बतावल जा रहल बा है कि राज्यसभा खातिर एह दिन खाली नीतीश कुमार शपथ लिहें। बिहार से निर्वाचित भाजपा के राष्ट्रीय अध्यक्ष नितिन नवीन, केंद्रीय राज्यमंत्री रामनाथ ठाकुर आ राष्ट्रीय लोक मोर्चा के राष्ट्रीय अध्यक्ष उपेंद्र कुशवाहा के शपथ 16 अप्रिल के होई।
11 अप्रिल के नीतीश कुमार के पटना लवटला पs एनडीए विधानमंडल दल के बैठक के संभावना बा। एमे ऊ पद छोड़े के जानकारी दिहें। एकरा बाद सीएम पद से इस्तीफा के पत्र राज्यपाल के सउपिहें।
बिहार भाजपा करी सीएम के नाम पs मंथन
बतावल जा रहल बा कि 10 अप्रिल के दिल्ली में बिहार भाजपा के अहम बैठक होई। एमे पीएम नरेंद्र मोदी आ गृह मंत्री अमित शाह के सामिल होखे के संभावना बा।
बैठक में मुख्यमंत्री के नाम पs आम सहमति के प्रयास कइल जाई। बिहार से एह बैठक में प्रदेश अध्यक्ष संजय सरावगी, डिप्टी सीएम सम्राट चौधरी, विजय कुमार सिन्हा सहित आउर सीनियर लीडर सामिल होई लोग।
एह बीच बुध के आठ अप्रिल के नीतीश कुमार के अध्यक्षता में कैबिनेट के अंतिम बैठक के चरचा चल रहल बा। एमे अहम फैसले लिहल जाये के उम्मेद बा। नीतीश कुमार पहिलही विधान परिषद के सदस्यता से इस्तीफा दे चुकल बा।
साभार: दैनिक जागरण









