पटना। मुख्यमंत्री नीतीश कुमार आज विधान परिषद के सदस्यता से इस्तीफा दे देले बाड़ें। उनकर इस्तीफा लेके मंत्री विजय चौधरी आ एमएलसी संजय गांधी विधान परिषद पहुंचल रहे लोग। नीतीश कुमार के त्यागपत्र महज 29 शब्दन में लिखल गइल रहे। सभापति अवधेश नारायण सिंह इस्तीफा स्वीकार कइला के जानकारी देलें। उनका संगे जदयू के कइयन गो वरिष्ठ नेता सामिल रहे।
संवैधानिक नियमन के अनुसार, एगो शख्स 14 दिन तक दु सदनन के सदस्य रह सकत बा। मुख्यमंत्री नीतीश कुमार 16 मार्च के राज्यसभा सदस्य के तौर पs निर्वाचित भइल रहस। एहिसे 30 मार्च माने आज उनका एगो सदन से इस्तीफा देवे के पड़ल। हालांकि, नीतीश कुमार फिलहाल बिहार के मुख्यमंत्री बनल रहिहें। ई पद ऊ कब छोड़िहें एकरा पs अभी तक प्रतिक्रिया नइखे आइल।
नितिन नवीन के इस्तीफा आज दिहल जाई
एने, भारतीय जनता पार्टी के राष्ट्रीय अध्यक्ष आ बांकीपुर विधानसभा से विधायक नितिन नवीन इस्तीफा देवे के घोषणा कs देले बाड़ें। ऊ प्रदेश अध्यक्ष संजय सरावगी के आपन इस्तीफा अतवार के सबेरही सउप देले रहस। आज एकर जानकारी दिहल गइल बा।
अब संजय सरावगी नितिन नवीन के इस्तीफा विधानसभा जाके दिहें। दरअसल, ऊ 29 मार्च अतवार के इस्तीफा देवे वाला रहस। विधानसभा के एकर जानकारी दिहल गइल बा। विधानसभा अध्यक्ष दफ्तर में बइठल रहस। सारा तइयारी पूरा होखला के बादो नितिन नवीन अचानक असम चल गइलें।
इस्तीफा देवे के बात कs के नितिन नवीन आउर का कहलें?
भाजप के राष्ट्रीय अध्यक्ष नितिन नवीन सोशल मीडिया पs इस्तीफा देवे के बात कहलें। ऊ कहलें कि आज हम बिहार विधानसभा के बांकीपुर निर्वाचन क्षेत्र से निर्वाचित सदस्य पद से इस्तीफा दे रहल बानी। पार्टी हमरा के जवन नया भूमिका देले बिया, ओह माध्यम से हम अपना क्षेत्र आ बिहार के विकास खातिर हमेसा तत्पर आ संकल्पित रहेम।
कार्यकर्ता लोगन आ बिहार के जनता के संगे हमार जवन अटूट संबंध बा, ऊ सदैव बनल रही आ हमरा के हमेसा नया ऊर्जा, प्रेरणा आ मार्गदर्शन देत रही। पीएम नरेंद्र मोदी के नेतृत्व में 2047 के विकसित भारत आ विकसित बिहार बनावे के सपना के साकार करे के दिशा में हम लगातार प्रयासरत रहेम।








