UP Wheat Procurement : उत्तर प्रदेश में आजू से गेहूं खरीद सुरू, किसानन के मिली 2585 रुपिया प्रति क्विंटल एमएसपी

By Shweta Supriya

Published on: Mar 30, 2026

लखनऊ। प्रदेश में गेहूं खरीद सोमार से सुरू होखे जा रहल बा। ई 15 जून तक चली। गेहूं खरीद सुरू होखे से पहिलही अब तक 2.24 लाख से जादे किसान बिक्री के खातिर पंजीकरण करा

Share

UP wheat procurement starts, farmers getting Rs 2585 per quintal MSP

लखनऊ। प्रदेश में गेहूं खरीद सोमार से सुरू होखे जा रहल बा। ई 15 जून तक चली। गेहूं खरीद सुरू होखे से पहिलही अब तक 2.24 लाख से जादे किसान बिक्री के खातिर पंजीकरण करा लेले बा लो। किसान के गेहूं बिक्री में परेसानी ना होखे, एकरा खातिर प्रदेश में अब तक 3574 क्रय केंद्र स्थापित कs लिहल गइल बा।

गेहूं के न्यूनतम समर्थन मूल्य (एमएसपी) 2585 रुपिया प्रति क्विंटल तय कइल गइल बा, जवन पिछिला बरिस के तुलना में 160 रुपिया प्रति क्विंटल जादे बा। प्रदेश में खाद्य विभाग के विपणन शाखा सहित कुल आठ एजेंसियन के ओर से 6500 क्रय केंद्र स्थापित होई। क्रय केंद्र सबेरे नव बजे से सांझ छव बजे तक खुलल रहिहें सs।

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ सख्त निरदेस देले बाड़े कि क्रय केंद्र पs बिक्री खातिर आवे वाला किसान के परेसानी ना होखे के चाहीं। मौसम के देखत उनकरा खातिर छाया, पानी आ बइठे सहित हर जरूरी बेवस्था समय पs पूरा कs लिहल जाई। पहिले खाद्य आ रसद विभाग 30 लाख मीट्रिक टन खरीद के लक्ष्य रखले रहे, बाकिर मुख्यमंत्री एकरा के 50 लाख मीट्रिक टन कs देलें।

48 घंटा के भीतर डीबीटी के माध्यम से किसानन के भुगतान कइल जाई। जे किसान गेहूं बिक्री खातिर अभी तक पंजीकरण आ नवीनीकरण नइखे करवले ऊ लोग वेबसाइट (fcs.up.gov.in) पs पंजीकरण-नवीनीकरण करा सकेला।

Read Also: Bihar News : बिहार से बाहर कइल जइहें अवैध बांग्लादेशी आ रोहिंग्या, गृह मंत्रालय सब डीएम आ एसपी के देलस निरदेस

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.