Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

NIA के बड़ खुलासा: भारत पर फिर से आतंकी हमला करवावे के फिराक में दाऊद, हवाला के जरिए भेजलस 13 करोड़ रुपया

442

राष्ट्रीय जांच एजेंसी (NIA) टेरर फंडिंग मामिला लेकर अपने चार्जशीट में बड़ खुलासा कइल। NIA बतावल गइल बा कि दाऊद अउर उनके सहयोगी छोटा शकील एक बेर फिर से भारत पर आतंकी हमला करवावे के फिराक में लागल बानें। NIA के अनुसार दाऊद एकरे खातिर हवाला के जरिए पाकिस्तान से दुबई के रास्ते सूरत अउर फिर मुंबई 25 लाख रुपया भेजले बानें। ई रुपया आरिफ शेख अउर शब्बीर शेख के भेजल गइल बा।

एह तरह से दूनों लोग पिछले चार साल में हवाला के जरिए 12 से 13 करोड़ रुपया भेजले बानें। गवाह सूरत के एगो हवाला ऑपरेटर हवे जेकर पहचान सुरक्षा कारण से गोपनीय रखल गइल बा। बयान में कहल गइल बा कि जांच के दौरान ई पता चलल कि राशिद मरफानी उर्फ राशिद भाई दुबई में वांछित गैंगस्टर दाऊद इब्राहिम अउर छोटा शकील के पैसा के भारत भेजे खातिर हवाला मनी ट्रांसफर के काम लेत रहे।

चार्जशीट में दाऊद, शकील के अलावा अउरियो नाव

चार्जशीट में दाऊद, शकील, ओकरे साला सलीम फ्रूट, आरिफ शेख अउर शब्बीर शेख के नामजद कइल गइल बा। अंतिम तीन के गिरफ्तार कs लिहल गइल बा। एनआईए अपने आरोपपत्र में बतवले बा कि कइसे 25 लाख रुपया पाकिस्तान से आतंकवादी गतिविधियन खातिर भारत भेजल गइल। एनआईए दावा कइलस कि शब्बीर 5 लाख रुपया रखले रहे अउर बाकी आरिफ के एगो गवाह के सामने दिहले रहे। एनआईए कहलस कि ई ध्यान रखल उचित बा कि 9 मई, 2022 के उनके घर के तलाशी के दौरान शब्बीर से 5 लाख रुपया बरामद कइल गइल रहे।

डी कंपनी के निशाना पs कई शहर, दंगा करावे खातिर भेजल गइल रहे रुपया

डी-कंपनी के खिलाफ दायर एनआईए के चार्जशीट के मुताबिक, भारत के मोस्ट वांटेड आतंकी अंडरवर्ल्ड डॉन दाऊद इब्राहिम के निशाना पर देश के बड़ राजनेता अउर कई बड़ हस्ती भी उनके निशाना पर बानें। एतना ही नाइ, दाऊद डी कंपनी भारत के अलग-अलग शहरन में दंगा करावे खातिर मोट रकम भी भेजले रहे। एहमें भारत के राजधानी नयका दिल्ली अउर आर्थिक राजधानी मुंबई सबसे टॉप लिस्ट में रहल।

374070cookie-checkNIA के बड़ खुलासा: भारत पर फिर से आतंकी हमला करवावे के फिराक में दाऊद, हवाला के जरिए भेजलस 13 करोड़ रुपया

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.