महाकुंभ के आखिरी अमृत स्नान आजु शुरू हो गइल बा. आज पंचमी तिथि ब्रह्म मुहूर्त में होई, एही से आखिरी अमृत स्नान के भी बसंत पंचमी के अमृत स्नान कहल जा रहल बा। आज नागा साधू के अखाड़ा सबसे पहिले नहाले। एकरा बाद नागा साधू के समूह महाकुंभ से अपना आखर में लवट आई। नागा साधू लोग के संगे आज प्रयागराज के त्रिवेणी संगम में भी करोड़ों श्रद्धालु डुबकी लगाईहे।
सीएम योगी खुदे सबेरे साढ़े तीन बजे से एह व्यवस्था के निगरानी कs रहल बाड़े
मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ सबेरे साढ़े तीन बजे से महाकुंभ के अमृत स्नान के अपना सरकारी आवास स्थित वॉर रूम से निगरानी करत बाड़े। एs दौरान सीएम जी डीजीपी, गृह प्रधान सचिव अवुरी मुख्यमंत्री कार्यालय के अधिकारी के संगे लगातार बसंत पंचमी के अमृत स्नान के अपडेट लेके जरूरी निर्देश दे रहल बाड़े। बता दीं कि एह तीसरा आ आखिरी अमृत स्नान में पहिला आखर स्नान सकुशल पूरा हो गइल बा.
Millions of pilgrims, saints, yogis, and visitors from around the world gathered at the sacred Triveni Sangam—the confluence of Maa Ganga, Yamuna, and Saraswati—seeking spiritual purification. They took a holy dip in the sacred waters during the Amrit Snan on the auspicious… pic.twitter.com/FahoAvrb0O
— Mahakumbh (@MahaKumbh_2025) February 2, 2025
#WATCH | #MahaKumbh2025 | Prayagraj, Uttar Pradesh: The Juna Akhada reaches for the 'Amrit Snan' on the occassion of Basant Panchami. pic.twitter.com/CSVam6KdGJ
— ANI (@ANI) February 3, 2025
त्रिवेणी संगम के ड्रोन विजुअल देखीं
महाकुंभ मेला क्षेत्र में बसंत पंचमी के अवसर पs तीसरा अमृत स्नान खातीर हजारन गो श्रद्धालु जुटले, त्रिवेणी संगम के ड्रोन विजुअल देखीं.
#WATCH | Prayagraj, UP | #MahaKumbhMela2025 | Drone visuals of Maha Kumbh Mela Kshetra, Triveni Sangam, as thousands of saints and seers head towards Triveni Sangam for the third Amrit Snan on the occassion of Basant Panchami. pic.twitter.com/SvfyIc6ifr
— ANI (@ANI) February 3, 2025
बसंत पंचमी अमृत स्नान के महत्व
बसंत पंचमी के अमृत में स्नान करके भक्त मोक्ष प्राप्त करेले। एकरा संगे 7 पीढ़ी ले के शुद्धिकरण भी अमृत में नहा के कईल जाला। पुरनिया के आत्मा के शांति खातिर आ स्वस्थ शरीर खातिर भी पवित्र डुबकी लगावल बहुत शुभ मानल जाला। अमृत स्नान कइला से शरीर के रोग भी ठीक हो जाला आ ऊर्जा आपके तन आ मन में संचारित हो जाला।