New Rules : आज से बदल गइल बा कइयन गो नियम; एलपीजी, एटीएम चार्ज आ एफडी ब्याज दरन में बड़ बदलाव

Share

सेंट्रल डेस्क। एक सितंबर माने आज (सोमार) से कइयन गो नियम (New Rules)  बदल गइल बा। एकरा जगह अब नया नियम लागू हो गइल बा। एह नियमन से रउआ के घर के बजट आ रोजमर्रा के खर्चन पs अच्छा खासा असर पड़ी। चांदी के हॉलमार्किंग, एलपीजी के कीमतन में संशोधन, एटीएम निकासी शुल्क आ फिक्स्ड डिपॉजिट (एफडी) के ब्याज दरन में संभावित कमी जइसन बदलाव सीधा उपभोक्तन पs असर डाली।

एलपीजी के कीमतन में उतार-चढ़ाव

हर महीना के पहिला तारीख के तेल कंपनी घरेलू एलपीजी सिलेंडर के नया दर घोषित करेली सs। 1 सितंबर के कीमतन में बदलाव होई, जवन वैश्विक कच्चा तेल के कीमतन आ कंपनी के गणना पs निर्भर करत बा।

एटीएम उपयोग पs नया नियम

कुछ बैंक एटीएम उपयोग पs नया नियम लागू करिहें। निर्धारित मासिक सीमा से जादे निकासी करे वाला ग्राहकन के उच्च लेनदेन शुल्क देवे के पड़ सकत बा। कइयन गाे बैंक सितंबर में जमा दरन पs ब्याज के समीक्षा करिहें सs। वर्तमान में अधिकांश बैंक फिक्स्ड डिपॉजिट पs 6.5 से 7.5 प्रतिशत के बीच ब्याज दे रहल बा।

चांदी खातिर अनिवार्य हॉलमार्किंग

सरकार चांदी खातिर अनिवार्य हॉलमार्किंग सुरू करे जा रहल बिया। एकरा से पारदर्शिता बढ़ी, बाकिर कीमतन पs असर पड़ सकेला। एकर उद्देश्य चांदी के बाजार में सुद्धता आ मूल्य निर्धारण में एकरूपता ले आवन बा। ई विश्वसनीयता बढ़ाई।

एसबीआई कार्ड पs नया शुल्क

स्टेट बैंक ऑफ इंडिया यानी एसबीआई कार्डधारकन के संशोधित शर्तन के सामना करे के पड़ी। ऑटो-डेबिट फेल होखला पs दु फीसदी जुर्माना लागी। अंतरराष्ट्रीय लेनदेन पs अतिरिक्त शुल्क लागू हो सकत बा। ईंधन खरीद आ ऑनलाइन शॉपिंग पs उच्च शुल्क लाग सकत बा।

Read Also: Share Market : एससीओ के बैठक के बीच उछलल शेयर बाजार ; नया वैश्विक समीकरणन से सेंसेक्स-निफ्टी गुलजार

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-