New Rules : क्रेडिट स्कोर से लेके UPI तक, 1 जनवरी 2026 से बदल जाई 7 गो बड़ नियम; रउआ जेब पs का पड़ी असर?

"December new rules in India including LPG price change, Aadhaar update rules, EPFO nomination changes and SBI Mcash service discontinuation"

Share

बिजनेस डेस्क। साल 2025 अब आखिरी पड़ाव पs पहुंच गइल बा। 31 दिसंबर 2025 खाली कैलेंडर बदले के तारीख ना हs, बलुक आर्थिक काम-काज निपटावे के आखिरी मवका हs। ओहिजा, 1 जनवरी 2026 के सबेरे आम आदमी खातिर कइयन गो बड़ बदलाव लेके आ रहल बा। बैंकिंग, टैक्स, डिजिटल पेमेंट आ निवेश से जुड़ल नियमन में बड़ फेरबदल होखे वाला बा। जदि समय रहते धेयान ना दिहल गइल, तs जुर्माना लगला के संगे-संगे राउर वित्तीय सेवा बाधित हो सकेला। चलीं, आसान भाषा में समझीं कि का-का बदले वाला बा।

1. क्रेडिट स्कोर के नियम बदली

नया साल से कर्जा लेवे वाला लोग खातिर बड़ा बदलाव आवे वाला बा। अब ले क्रेडिट ब्यूरो महीना में एक बेर स्कोर अपडेट करत रहे, बाकिर 1 जनवरी 2026 से क्रेडिट स्कोर हर हफ्ता (Weekly) अपडेट होई। अगर EMI भा क्रेडिट कार्ड बिल एको दिन देर से भरेम, तs स्कोर पs तुरंत असर लउकी। ओहिजा, समय पs भुगतान करे वाला लोगन के स्कोर तेजी से सुधरी आ लोन लेवे में आसानी होई।

2. स्मॉल सेविंग्स स्कीम पर ब्याज घट सकेला

PPF, सुकन्या समृद्धि, NSC जइसन छोट बचत योजना में पईसा लगावे वाला लोग खातिर 31 दिसंबर बहुते जरूरी तारीख बा। RBI रेपो रेट घटा देले बा, एकरा चलते सरकार 1 जनवरी से नया तिमाही खातिर एह योजना के ब्याज दर घटा सकेला। जदि रउआ निवेश करे के सोच रहल बानी, तs 31 दिसंबर से पहिले फैसला लेवे में फायदा हो सकेला।

3. ITR भरे के आखिरी मौका

वित्त बरिस 2024-25 खातिर ITR भरे के आखिरी मौका 31 दिसंबर 2025 बा। जदि एह तारीख तक रिटर्न ना भरल गइल, तs टैक्स रिफंड ना मिली। बाद में ‘अपडेटेड रिटर्न’ भरला पs भारी जुर्माना लागे वाला बा- 12 महीना में 25%, 24 महीना में 50% आ जादे देर भइला पs 60-70% तक अतिरिक्त टैक्स।

4. UPI आ डिजिटल पेमेंट पs सख्ती

डिजिटल फ्रॉड बढ़ला के चलते 1 जनवरी 2026 से UPI नियम सख्त हो जाई। गूगल पे, फोन पे, व्हाट्सएप जइसन ऐप पs KYC प्रक्रिया आउर मजबूत होई। मोबाइल नंबर वेरिफिकेशन आ अकाउंट लिंकिंग में अतिरिक्त सुरक्षा लेयर जोड़ल जाई।

5. पैन-आधार लिंक ना भइला पर पैन निष्क्रिय

अगर अभियो पैन आ आधार लिंक नइखे भइल, तs 1 जनवरी 2026 से पैन निष्क्रिय हो सकेला। एह से टैक्स रिफंड अटकी, बैंक खाता खोलला में दिक्कत आ शेयर-म्यूचुअल फंड निवेश रुक सकेला।

6. LPG आ ईंधन के दाम बदली

हर महीना के पहिला तारीख के तेल कंपनी दाम तय करे ली सs। 1 जनवरी 2026 से LPG, CNG आ ATF के नया दाम जारी होई, जवना के असर सीधा रसोई बजट आ यात्रा खरचा पs पड़ी।

7. नया इनकम टैक्स कानून के तैयारी

सरकार 1 अप्रिल 2026 से नया इनकम टैक्स कानून लागू करे के तइयारी में बा। पुरान इनकम टैक्स एक्ट 1961 बदले के योजना बा, ताकि टैक्स सिस्टम आसान बने आ मुकदमा कम होखे।

Read Also: Mexico Train Derail : पटरी से उतरल ट्रेन, 13 लोगन के मौत, 90 से जादे घायल

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-