Gorakhpur News : सीएम योगी बोललें- ‘घबराईं मत, हर समस्या के समाधान होई, सरकार सब केहू के भरपूर मदद करी’ 

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 29, 2025

गोरखपुर। जनता के हित के सबसे ऊपर रखत मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ भीषण ठंडा में सोमार के दिने जनसेवा के संकल्प पs डटल रहलें। खराब मौसम के बादो गोरखनाथ मंदिर में जनता दर्शन लगाके उहां आवे

Share

CM Yogi Adityanath listening to public grievances during Janata Darshan at Gorakhnath Temple in Gorakhpur

गोरखपुर। जनता के हित के सबसे ऊपर रखत मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ भीषण ठंडा में सोमार के दिने जनसेवा के संकल्प पs डटल रहलें। खराब मौसम के बादो गोरखनाथ मंदिर में जनता दर्शन लगाके उहां आवे वाला लोगन से भेंट कइलें आ एक-एक कs सब केहू के समस्या ध्यान से सुनलें।

समस्या लेके आवे वाला लोगन से अपनापन से बातचीत करत मुख्यमंत्री योगी कहलें, ‘घबराईं मत, हर समस्या के समाधान करावल जाई। सरकार सब केहू के भरपूर मदद करी।’ जनता दर्शन के दौरान मुख्यमंत्री पास में मवजूद अधिकारियन के सख्त निरदेस देलें कि हर पीड़ित के समस्या पs संवेदनशीलता से धेयान दिहल जावs आ समयबद्ध आ पारदर्शी ढंग से समाधान सुनिश्चित कइल जावs।

सोमार के सबेरे गोरखनाथ मंदिर परिसर में इस्थित महंत दिग्विजयनाथ स्मृति भवन सभागार में आयोजित जनता दर्शन में मुख्यमंत्री योगी करीब 150 लोगन के फरियाद सुनलें। कुर्सी पs बइठल लोगन तक मुख्यमंत्री खुद पहुंचलें आ एक-एक कs के सब केहू के बात सुनेलें। ऊ सब केहू के भरोसा दिलवलें कि कवनो आदमी के घबरइला के जरूरत नइखे, हर समस्या के समाधान जरूर करावल जाई।

मुख्यमंत्री प्रार्थना पत्र अधिकारी लोगन के सउपज निरदेस देलें कि निस्तारण त्वरित, गुणवत्तापूर्ण आ संतोषजनक होखे। जमीन पs जबरन कब्जा के शिकायत पs मुख्यमंत्री सख्त रुख अपनावत कहलें कि जदि कवनो दबंग भा माफिया गरीबन के जमीन हड़प रहल बा, तs ओकरा खिलाफ कठोर से कठोर कानूनी कार्रवाई कइल जावs। गरीबन के उजाड़े वाला के कबो बख्शल ना जाई। जहां पैमाइश जरूरी होखे, उहां पैमाइश करा के विवाद सुलझावल जावs।

पारिवारिक विवाद के ममिला में मुख्यमंत्री अधिकारी लोगन के निरदेस देलें कि दूनो पक्ष से बातचीत करा के समाधान के रास्ता निकालल जावs। इलाज खातिर आर्थिक मदद मांगे आवे वाला लोगन से मुख्यमंत्री कहलें कि इलाज में पईसा के कमी बाधा ना बने दिहल जाई। अधिकारी लोगन के आदेस दिहल गइल कि अस्पताल के इस्टीमेट जल्दी पूरा करा के शासन के भेजल जावs। मुख्यमंत्री विवेकाधीन कोष से इलाज खातिर पूरा मदद उपलब्ध करावल जाई।

Read Also: New Rules : क्रेडिट स्कोर से लेके UPI तक, 1 जनवरी 2026 से बदल जाई 7 गो बड़ नियम; रउआ जेब पs का पड़ी असर?

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.