आईसीसी क्रिकेट विश्व कप लीग 2023-27 में नीदरलैंड टीम स्कॉटलैंड के 4 विकेट से हरा दिहलस। दुनु टीम के बल्लेबाज मजबूत प्रदर्शन कइलन आ मैच में रन के बरखा भइल. स्कॉटलैंड पहिला बल्लेबाजी कइलसि आ 369 रन बनवलसि. एकरा बाद मैक्स ओ’डाउड नीदरलैंड खातिर 158 रन के मजबूत पारी खेल के ओकरा के जीत दिअवले. बल्लेबाजन के बढ़िया प्रदर्शन के चलते नीदरलैंड 370 रन के लक्ष्य आसानी से हासिल कs लिहलस.
वनडे क्रिकेट में पहिला बेर अइसन कइले
नीदरलैंड टीम मैच जीतते ही कमाल कs दिहले बिया. नीदरलैंड एकदिना क्रिकेट में पहिला बेर 300 प्लस रन के लक्ष्य के पीछा कइले बा. साल 2023 में वेस्टइंडीज के खिलाफ निशाना के पीछा करत नीदरलैंड 374 रन बनवले रहुवे बाकिर ई मैच बराबर हो गइल. एकरा बाद सुपर ओवर में नीदरलैंड मैच जीत लिहलस.
भारतीय टीम आ इंग्लैंड पीछे छोड़ के चल गइल
नीदरलैंड टीम वनडे क्रिकेट में तिसरका सबले बेसी स्कोर (370 रन) के पीछा कइले बिया आ एकरा साथे ऊ भारत आ इंग्लैंड के पीछे छोड़ दिहले बिया. वनडे क्रिकेट में इंग्लैंड के सबले बेसी सफल रन के पीछा 361 रन के बा. भारत साल 2013 में वनडे में आस्ट्रेलिया के खिलाफ 360 रन के पीछा कइले रहुवे.
मैक्स ओ’डाउड एगो दमदार शतक बनवले
स्कॉटलैंड के खिलाफ भइल मैच में नीदरलैंड खातिर मैक्स ओ’डाउड सबले बड़का हीरो साबित भइले. एह मैच में ऊ 130 गेंद में 158 रन बनवले जवना में 12 गो चौका आ चार गो छक्का शामिल रहल आ ऊ आखिर ले नाबाद रहलन आ टीम के जीत हासिल कइला का बाद ही आराम कइलन. उनुका अलावे नूह क्रोज 50 रन के पारी खेलले. तेज निदामनुरु भी दुनो के बढ़िया साथ देले अवुरी 51 रन बनवले। कप्तान स्कॉट एडवर्ड्स 32 रन के योगदान दिहले. एही खिलाड़ियन के चलते टीम मैच जीते में सफल रहल.