नीतू चंद्रा के बड़ बिजनसमैन देले रहस 25 लाख रुपिया महीना पs बीवी बने के ऑफर

Share

ऐक्ट्रेस नीतू चंद्रा एगो घटना के बारे में बतवले बाड़ी जेमे एगो बिजनसैन उनका से सैलरीड वाइफ बने खातिर कहले रहे। एकरा बदला में ऊ उनका के 25 लाख रुपिया महीना देवे के तइयार रहे। नीतू बतवली कि 13 नैशनल अवॉर्ड विनर्स के साथे काम कइला के बादो उनका लगे ना पईसा रहे, ना काम। ऊ एगो ऑडिशनो के बारे में बात कइली जेमे एगो फेमस कास्टिंग डायरेक्टर उनका के एक घण्टा के भीतरी रिजेक्ट कs देले रहे।

बोलली- ना पईसा रहे, ना काम

नीतू चंद्रा बॉलीवुड हंगामा से बातचीत में बतवली- हमार स्टोरी एगो सफल ऐक्टर के असफल कहानी बा। 13 अवॉर्ड विनिंग ऐक्टर्स आ एतने बड़ फिल्मन में काम कइला के बाद आज हमरा लगे काम नइखे। हमरा के एगो बिजनसमैन बोलले रहे कि ऊ हमरा के 25 लाख रुपिया महीना दी, बाकिर हमरा ओकर सैलरीड वाइफ बने के होई। हमरा लगे ना पईसा रहे ना काम। हम चिंता में आ गइनी, एतना काम कइला के बादो हम इहां अनवॉन्टेड फील करे लगनी।

ऑडिशन के एक घंटा बाद भइली रिजेक्ट

नीतू बतावत बाड़ी, एगो कास्टिंग डायरेक्टर, बहुते बड़ नाम बाकिर हम नाम नइखी बोलनल चाहत, ऑडिशन के टाइम पs माने ऊ एक घंटा के भीतरी बोलल “मुझे माफ करना नीतू, ये हो नहीं पाएगा” ऊ हमारा ऑडिशन लेके रिजेक्ट कs दिहल ताकि हमार कॉन्फिडेंस तुर सको।

नीतू चंद्रा आपन बॉलीवुड डेब्यू (2005 में) गरम मसाला से कइले रहली। फिलिम में ऊ एयरहोस्टेस बनल रहली। एकरा बाद ऊ ट्रैफिक सिग्नल, वन टू थ्री, ओये लकी लकी ओय 13बी आ अपार्टमेंट जइसन कइयन गो फिल्मन में नजर आ चुकल बाड़ी। उनकर आखिरी फिलिम कुछ लव जैसा रहे जेमे उनका साथे शेफाली शाह आ राहुल बोस रहे लो। ओय लकी लकी ओय के बेस्ट पॉप्युलर फिलिम के नैशनल अवॉर्ड मिलल रहे।

साभार: हिन्दुस्तान

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-