देश के पहिला मिस यूनिवर्स आ बॉलीवुड अभिनेत्री सुष्मिता सेन आईपीएल (इंडियन प्रीमियर लीग) के पूर्व अध्यक्ष आ कमिश्नर ललित मोदी एक दूसरा के डेट कर रहल बा। ई जानकारी खुद ललित मोदी ट्विटर पs देले। संगही, सुष्मिता सेन के साथे फोटो शेयर कइलें। ललित मोदी अपना ट्विटर अकाउंट पs फोटो साझा करत लिखले- परिवार के साथे मालदीव, सार्डिनिया में एगो बेहतरीन ग्लोबल टूर के बाद लंदन में वापसी, साथ में हमार बेटरहाफ सुष्मिता सेन। आखिरकार एगो नया सुरुआत आउर नया जीवन। ओवर द मून एकरा बाद उ कइयन गो लव वाला इमोजी शेयर कइलें। बता दीं कि एह ट्वीट के आधा घंटा बाद ऊ एगो आउर ट्वीट कsके कहले कि दुनो अभी तक बियाह नइखे कइले लो, बलुक एक-दूसरा के डेट कs रहल बा लो, बहुत जल्दी बियहो होई।
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव।
परिचे-
एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।