नक्सली हमला : बस्तर में मतदान से तीन दिन पहिले नक्लसी द्वारा भइल भाजपा नेता के हत्या, गृहमंत्री विजय शर्मा देले चेतावनी

Share

छत्तीसगढ़ में होखे वाला पहिला चरण के लोकसभा चुनाव से तीन दिन पहिले नारायणपुर जिला के फरसगांव थाना क्षेत्र में नक्सली भाजपा नेता आ उप सरपंच पंचम दास मानिकपुरी के तेज हथियार से हत्या कऽ देले बाड़न सन। चुनावी साल में नक्सली लगातार भाजपा नेता के निशाना बना के हत्या करत बाड़न सन। अबहीं ले नक्सली एक दर्जन भाजपा नेता के हत्या कऽ देले बाड़न सन।

 गृहमंत्री का कहले?

गृहमंत्री विजय शर्मा एकरा के नक्सली के कायरता बतवले अउरी कहले कि जदी हाथ में बंदूक बा तऽ केहु के हत्या कर दिहे । उऽ कहले कि राज्य में नक्सली के खिलाफ अभियान तेज हो गईल बा। नक्सलियन से बातचीत खातिर रास्ता खुलल बा बाकिर ओह लोग के आपन हथियार छोड़े के पड़ी।

भाजपा के प्रदेश अध्यक्ष किरण देव कहले कि बस्तर में भाजपा नेता के लगातार हत्या टारगेट किलिंग ना हऽ तऽ का हऽ। सरकार नक्सलीयन के खिलाफ योजनाबद्ध तरीका से लड़त बिया, जल्दिए राज्य से नक्सलीयन के सफाया कर दिहल जाई।

 अब तक केतना नक्सलीयन के मारल गइल बा?

बता दी  कि राज्य में सरकार बदलला के बाद अबही ले 80 पीपुल्स लिबरेशन गुरिल्ला आर्मी के लड़ाकू सुरक्षा बल के ओर से मुठभेड़ में मारल गइल। पुलिस के मोताबिक मंगर के रात नक्सलीयन के स्माल एक्शन टीम दंडवान के डिप्टी सरपंच आ भाजपा नेता पंचम दास माणिकपुरी के घर के दरवाजा तूड़ के भीतर घुस के तेज हथियार से उनकर हत्या कऽ देलस। नक्सलीयन के पूर्वी प्रमंडल मौका पऽ एगो पम्पलेट फेंक के हत्या के जिम्मेदारी लेले बा।

पुलिस के मोताबिक पर्चे में भाजपा नेता मानिकपुरी पऽ भ्रष्टाचार आ पुलिस खातिर गोपनीय सैनिक के काम करे के आरोप लगावत पीएलजीए के ओर से मौत के सजा देवे के उल्लेख कइल गइल बा। पर्चा में भाजपा आ आरएसएस के मार भगावे के बात लिखल गइल बा।

इहां बता दीं कि एक महीना पहिले बीजापुर में भाजपा नेता तिरुपति कटला अवुरी कैलाश नाग के नक्सली हत्या के देले रहले सन। नीलकंठ कक्केम के पहिला हत्या फरवरी 2023 में बीजापुर में भइल रहे। एकरा बाद नक्सली भाजपा के जिला उपाध्यक्ष सागर साहू, रामधर आलामी, रतन दुबे, अर्जुन काका समेत बाकी नेता के हत्या कइलन सन।

साभार – जागरण

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-