Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Salman Khan House Firing:’हमरा बेटा के माफ कऽ दिही….’, विक्की-सागर के माई सलमान खान से लगवली गोहार

282

Salman Khan House Firing: सलमान खान फायरिंग के मामला में दुनो आरोपी के गिरफ्तार कऽ लिहल गइल बा। दुनो आरोपी बिहार के निवासी हउवे। अब उनकर महतारी सलमान खान से गोहार लगवले बाड़ी। विक्की गुप्ता के माई सुनीता देवी कहली कि रउवों केहू के बेटा हई। हमरा बेटा से गलती हो गईल बा। निहोरा बा, माफ कर दिही। सागर पाल के माइयो अपना बेटा के गलती के माफ करे के गोहार लगवले बाड़ी।

सुनीता देवी आगे कहली कि, अब उनका के पइसा कमाए खातिर बाहर ना जाए दिहल जाई। गिरफ्तार सागर पाल के माई रम्भा देवीयो अपना बेटा के गलती के माफ करे के निहोरा करत बाड़ी। उनका लोग के कहनाम बा कि बेटा पईसा कमाए खातिर घर से बहरी निकलल रहे, बाकिर हमनी के का पता कि अइसन कदम उठाई। साथही, उऽ सलमान खान से निहोरा करत बाड़ी कि उऽ उनका बेटा के माफ करस।

 गिरफ्तार विक्की आ सागर के हरकतन के अब पोल खूल रहल बा

विक्की गुप्ता आ सागर पाल के हरकतन के धीरे-धीरे पर्दाफाश हो रहल बा। मजदूर के काम करे के नाम पऽ ई लोग बाहर निकलल रहे , बाकिर 20 से 25 दिन के भीतरे घरे लवट गइल। दुनु जना शराब गांजा पीयत रहले। महंगा गुटखा खात रहे। आ एक ओरी माई-बाबूजी मेहनत आ पसीना से तर-बतर परिवार के भरण पोषण करत रहले।

दूसरा ओर ई दुनु महंगा बाइक पऽ दोस्तन के साथे मौज मस्ती में लागल रहत रहे। हालांकि, गांववालन के साथे व्यवहार में कवनो कमी नइखे, जवना से गांववालन ए लोगन के साफ छवि बतावे से कवनो परहेज नइखे करत।

बतावे लायक बात ई बा कि गांव के एगो 22 वर्ष के महिला से विक्की आ सागर दुनु के काफी नजदीकी रहल बा। सीधा-साधा पति के साथे महिला के लेके ई लोग बाहर घुमहू खातिर गइल रहे।

चर्चा के अनुसार, ई उहे महिला हिय, जवना के खाता में संदिग्ध लेनदेन के मामला क्राइम ब्रांच पवले बा। ओकरा खाता से अच्छा – खासा पइसा के लेनदेन बतावल जा रहल बा। लॉरेंस बिश्नोई गिरोह से जुड़ल होखे के लेके जांच के दौरान ए लोगन के हरकतन के चर्चा हो रहल बा।

793960cookie-checkSalman Khan House Firing:’हमरा बेटा के माफ कऽ दिही….’, विक्की-सागर के माई सलमान खान से लगवली गोहार

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.