Indian Navy: नौसेना प्रमुख बोलले- समुंदर से ड्रग तस्करी के रोके ला कोसिस जारी, आईएनएस गोमती भइल सेवामुक्त

Anurag Ranjan

समुंदरी ड्रग्स (मादक पदार्थ) के जब्ती के बढ़त घटना के बीचे भारतीय नौसेना के प्रमुख एडमिरल आर हरि कुमार सनिचर के कहले कि प्रतिबंधित पदार्थ अफगानिस्तान से आइल बा आ एह ‘खतरा’ के रोके के कोसिस जारी बा। कन्नूर में नौसेना आ भारतीय तट रक्षक के कैडेट्स के पासिंग आउट परेड के बाद मीडिया से बात करत एडमिरल कहले कि अफगानिस्तान सरकार के टूटला आ उहां तालिबान के कब्जा होखला के बाद अवैध गतिविधियन में बहुत तेजी आइल बा।

नौसेना प्रमुख कहले, ‘ड्रग्स के खतरा अब गंभीर हो रहल बा। अफगानिस्तान में तख्तापलट होखला के बाद समुंदर के रास्ते मछुआरन के नावन में ड्रग्स के तस्करी कइल जा रहल बा।’ कुछ दिन पहिलही लक्षद्वीप के तट पs भारी मात्रा में हेरोइन जब्त कइल गइल रहे, जेकर अंतरराष्ट्रीय बाजार में कीमत 1500 करोड़ रुपिया बतावल जा रहल बा। भारतीय एजेंसी 20 मई के अंतरराष्ट्रीय तस्करन के एगो गिरोह के धर दबोचले रहे आ जब 218 किलो हेरोइन के तस्करी करे के कोसिस करत रहे।

एकरा अलावे भारतीय एजेंसी पिछला साल गुजरात के तट पs एह तरे के गैरकानूनी काम के अंजाम देवे आला गिरोह के भंडाफोड़ कइले रहे। राजस्व खुफिया निदेशालय (डीआरआई) पिछला साल सितंबर में गुजरात के मुंद्रा बंदरगाह पs लगभग 2988.22 किलोग्राम हेरोइन ले जावे आला वाले दू कंटेनर जब्त कइल रहे। नौसेना प्रमुख कहले कि हमनी आउर एजेंसियन के संगे सहजोग कs रहल बानी सs आ ड्रग तस्करन के नेटवर्क खतम करे खातिर हर संभव कोसिस कइल जा रहल बा।

34 साल के सेवा के बाद आईएनएस गोमती सेवामुक्त

भारतीय नौसेना सनिचर के आईएनएस गोमती के डीकमीशन (सेवामुक्त) कर दिहल। गोदावरी क्लास गाइडेड-मिसाइल फ्रिगेट ई जहाज 34 साल से सेवा में रहे। ऑपरेशन कैक्टस आ रेनबो में तैनात कइल गइल ई जहाज मुंबई में नोसेना डॉकयार्ड पs सांझ के बेरा सेवामुक्त कइल गइल। जहाज के विरासत के लखनऊ में गोमती नदी के सुरम्य तट पs स्थापित कइल जा रहल एगो ओपन एयर संग्रहालय में सुरक्षित राखल जाई। जहां ओकर कइयन गो युद्ध प्रणालियन के प्रदर्शित कइल जाई।

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।