UP Vidhan Sabha: विधायक के फोन बजला से नाराज विधानसभा अध्यक्ष मोबाइल जब्त करे के देले निरदेस

Share

यूपी में विधानमंडल सत्र के कार्यवाही के दौरान विधायकन द्वारा विधानसभा अध्यक्ष के आसन के लगे आके सेल्फी लेवे आ फोन बजला से नाराज विधानसभा अध्यक्ष चीफ मार्शल के मोबाइल फोन जब्त कs लेवे के निरदेस दे देले। विधायक मंडप में आके हंगामा के तस्वीर लेत रहे लो। एकरा अलावे, एगो विधायक के फोन बजलो से ऊ नाराज रहस उनका एह निरदेस से विधायकन में खलबली मच गइल।

प्रदेश में 23 मई से विधानमंडल सत्र चल रहल बा। बियफे के सदन में बजट पेश कइल गइल रहे जवना के बाद सुक के ओह पs सवाल-जवाब होत रहे। तबे एगो विधायक के फोन बजला से विधानसभा अध्यक्ष सतीश महाना नाराज हो गइले आ चीफ मार्शल के अइसन फेर होखला पs विधायकन के फोन जब्त करे के निरदेस दे देले।

विधायक बीच-बीच में आसन के लगे जाके सेल्फी लेत रहे लो आ हंगामा होखला पs तस्वीरो लेत रहे लो। एसे सदन के  कार्यवाही बाधित होत रहे। विधायकन के एह हरकत से आजिज आके अध्यक्ष एह पs नाराजगी जतवले आ कहले कि अइसन होखला पs विधायकन के फोन जब्त कs लिहल जाई।

ऊ चीफ मार्शल के निरदेस देले कि एह तरे के बेवहार कइला पs कवनो विधायक के फोन जब्त करे में संकोच ना करस।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-