National Sports Day: आज हs राष्ट्रीय खेल दिवस, जानीं महत्व आ इतिहास

National Sports Day 2024: फोटो

Share

 

भारत में हर साल 29 अगस्त के राष्ट्रीय खेल दिवस मनावल जाला जवन हॉकी के “द विजार्ड’ आ ‘द मैजिशियन’’ के नाम से जानल जाए वाला महान हॉकी खिलाड़ी मेजर ध्यान चंद के जयंती के मौका पs मनावल जाला. पहिला राष्ट्रीय खेल दिवस 29 अगस्त 2012 के भारत के हॉकी टीम के स्टार मेजर ध्यानचंद के जयंती पs मनावल गइल।

राष्ट्रीय खेल दिवस के इतिहास

राष्ट्रीय खेल दिवस के भारत के कुछ हिस्सा में राष्ट्रीय खेल दिवस के नाम से भी जानल जाला।1979 में भारतीय डाक विभाग मेजर ध्यान चंद के निधन के बाद श्रद्धांजलि दिहलस आ नेशनल स्टेडियम, दिल्ली के नाम मेजर ध्यान चंद स्टेडियम, दिल्ली रख दिहलस। 2012 में ई घोषणा भइल कि खेल के भावना के बारे में जागरूकता फैलावे आ विभिन्न खेल के संदेश के प्रचार प्रसार के उद्देश्य से एगो दिन के राष्ट्रीय खेल दिवस मनावल जाव आ एकरा खातिर फेर से मेजर ध्यानचंद के जयंती पs सम्मानित कइल गइल आ 29 अगस्त के भारत में राष्ट्रीय खेल दिवस के रूप में मनावे के घोषणा कइल गइल.

मेजर ध्यानचंद के बारे में

मेजर ध्यान चंद के जनम 29 अगस्त 1905 के इलाहाबाद में भइल रहे आ ऊ अपना समय के एगो महान हॉकी खिलाड़ी रहले. उनुका के हॉकी स्टार भा “हॉकी के जादूगर” के नाम से जानल जात रहे काहे कि उनुका कार्यकाल में उनुकर टीम साल 1928, 1932 आ 1936 के दौरान ओलंपिक में स्वर्ण पदक जीतले रहे। ऊ 1926 से 1949 ले 23 साल ले अंतर्राष्ट्रीय स्तर पs हॉकी खेललें। उs अपना करियर में कुल 185 मैच खेलले अवुरी 570 गोल कईले। ऊ हॉकी खातिर अतना समर्पित रहले कि रात में एह खेल खातिर अभ्यास करत रहले जवना चलते उनुकर नाम ध्यान चंद पड़ल. 1956 में ध्यानचंद के पद्म भूषण पुरस्कार से सम्मानित कइल गइल जवना से ऊ ई सम्मान पावे वाला तिसरका नागरिक बन गइलन.

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-