[the_ad_group id="30365"]

खेल: कइसे ध्यान सिंह से ध्यानचंद बन गइले ‘हॉकी के जादूगर’? बहते दिलचस्प बा कहानी

ध्यानचंद: फोटो
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

जन्मदिन के हार्दिक शुभकामना मेजर ध्यान चंद : ‘हॉकी के जादूगर’ मानल जाए वाला भारतीय हॉकी खिलाड़ी रहल मेजर ध्यान चंद के जनम आजुए के दिन यानी 29 अगस्त 1905 के उत्तर प्रदेश के प्रयागराज शहर में भइल रहे। एह दिग्गज खिलाड़ी के जन्मदिन देश में हर साल ‘राष्ट्रीय खेल दिवस’ के रूप में मनावल जाला। रउरा सभे के ई जान के अचरज होई कि ध्यान चंद के नाम पहिले ध्यान सिंह रहे, बाकिर मेहनत के चलते उs अपना नाम के परिभाषा बदल देले। बहुत कम लोग के मालूम होई कि ध्यान सिंह के ध्यान चंद के नाम कईसे मिलल। अगर रउरा भी ई रोचक कहानी नइखीं जानत तs हम रउरा लगे ई ऐतिहासिक कहानी लेके आइल बानी, जवन एह तरे बा-

एही तरे ध्यान सिंह से ध्यानचंद ‘हॉकी के जादूगर’ बन गईले

जईसे कि हमनी के पहिलही बता देले बानी जा कि ध्यान चंद के पहिले के नाम ध्यान सिंह रहे, बाकिर बाद में उनुकर नाम बदल गईल। एकरा पीछे कारन इs रहे कि शुरुआती दौर में उs दिन में पुलिसकर्मी के काम करत रहले, जबकि रात में हॉकी से प्रेम के चांद के रोशनी में जीतोड़ मेहनत करत रहले। रात में ध्यान चंद के अथक प्रयास देख के उनुकर साथी लोग ध्यान सिंह के जगह उनुका नाम में ‘चांद’ जोड़ के बोलावे लगले। एतने ना, जइसे-जइसे दिन बीतत गइल, धीरे-धीरे चांद के नाम बदल के चंद हो गइल। वर्तमान में लोग ध्यान सिंह के जगह ध्यान चंद के नाम से याद करेले।

ध्यानचंद महज 16 साल के उमिर में  बन गइलन सिपाही

रउरा ई जान के अचरज होई कि आज 16 साल के उमिर के लोग के बच्चा के रूप में देखल जाला। ध्यानचंद एही उमिर में सिपाही बन गइल रहले. भारतीय हॉकी के दिग्गज खिलाड़ी अपना नौकरी के संगे आपन खेल के आगे बढ़वले अवुरी शानदार प्रदर्शन कs के इतिहास में अमर हो गईले।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]