शरद पवार के बाद NCP में लागल इस्तीफन के झड़ी, जितेंद्र आव्हाड समेत कइयन नेता लोग आपन पद छोड़लें

Share

राष्ट्रवादी कांग्रेस पार्टी (NCP) के अध्यक्ष शरद पवार मंगर के ई कहके सबका के चउका देलें कि ऊ पार्टी के अध्यक्ष पद छोड़े के फैसला कइलें बाड़ें। हालांकि, पार्टी के नेता आ कार्यकर्ता लोग शरद पवार से फैसला के वापस लेवे के मांग कइल लो। एह बीच शरद पवार पार्टी पदाधिकारियों से मिले खातिर यशवंतराव चव्हाण सेंटर पहुंचलें, बाकिर एह बीच जितेंद्र आव्हाड समेत कइयन नेता लोग आपन पद छोड़ देले बा लो।

कार्यकर्ता लोगन से मुलाकात कइलें शरद पवार

एनसीपी के एगो पदाधिकारी बुध के कहलें कि शरद पवार हमेशा के तरे यशवंतराव चव्हाण प्रतिष्ठान में सबेरे 10 बजे से दुपहरिया 1 बजे तक पार्टी कार्यकर्तन सहित लोगन से मुलाकात कइले। एकरा अलावे एनसीपी नेता अजित पवारो यशवंतराव चव्हाण पहुंचलें।

जितेंद्र आव्हाड समेत कइयन नेता लोग आपन पद छोड़ल

एनसीपी नेता जितेंद्र आव्हाड राष्ट्रीय महासचिव के पद से इस्तीफा दे देलें बाड़ें। समाचार एजेंसी एएनआइ से कहलें कि हम राष्ट्रीय महासचिव के अपना पद से इस्तीफा देलें बानी आ आपन इस्तीफा शरद पवार के भेज देलें बाड़ें। ऊ बतवलें कि पार्टी प्रमुख के पद से इस्तीफा देवे के पवार के घोषणा के बाद ठाणे एनसीपी के सब पदाधिकारी इस्तीफा दे देलें बाड़े।

शरद पवार कइलें NCP के अध्यक्ष पद छोड़े के घोषणा

दरअसल, शरद पवार मंगर के कहले रहस कि ऊ NCP के प्रमुख पद से इस्तीफा दे रहल बाड़ें। पवार NCP के स्थापना साल 1999 में कइले रहस। ऊ राजनीति से सन्यास लेवे के एलान कइलें रहस। हालांकि, पवार के एगो कार्यक्रम में कइल गइल घोषणा से पार्टी के नेता आ कार्यकर्ता लोगन में हड़कंप मच गइल आ एह दौरान ऊ लोग पवार से फैसला वापस लेवे के ने मांग कइल लो।

आपन फैसला पs सोचे खातिर उनका कुछ दिन चाहीं- अजित

एनसीपी के वरिष्ठ नेता अजित पवार कहलें कि उनकर चाचा के अपना फैसला पs सोचे खातिर उनका दु-तीन दिन के वक्त चाहीं। पार्टी कार्यकर्तन के शरद पवार के संदेश से अवगत करावत उनकर भतीजा अजित पवार NCP पदाधिकारियन से आग्रह कइलें कि ऊ शरद पवार के एह अप्रत्याशित फैसला के विरोध में अपना पदन से इस्तीफा ना देवे लो।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-