मशरक मे अपना किसान पार्टी के राष्ट्रीय अध्यक्ष क्षेत्र में चलवलें जनसम्पर्क अभियान

Share

मशरक (सारण)/ धर्मेंद्र कुमार सिंह: मशरक प्रखंड अंतर्गत अलग-अलग गांवन मे अपना किसान पार्टी के राष्ट्रीय अध्यक्ष जय लाल प्रसाद सिंह कुशवाहा सहित उनकर कार्यकर्ता loh किसानन के बीच पहुँच के अपना बातन के राखल।

राष्ट्रीय अध्यक्ष जनसम्पर्क अभियान चलाके पार्टी के मजबूत करे के बात कहलें आ उनकर समर्थक पुरजोर साथ देवे के वादा कइल लोग। मशरक के डुमरशन गांव के रंजीत भगत बतवलें, मशरक प्रखंड क्षेत्र मे हमनी के अभियान चलाके मशरक में संगठन मजबूत करे के लेके किसानन से संपर्क कइल जा रहल बा।

मवका पs जनसम्पर्क अभियान कार्यक्रम मे मवजूद रंजीत भगत, डॉ० मेघनाथ कुशवाहा, सुजीत कुमार, हरेंद्र सिंह, रमेश कुमार, पिंटू कुमार, लालबाबू सिंह, मंटू कुमार, सुरेंद्र सिंह, डॉ० बीरेंद्र सिंह कुशवाहा, अवधेश सिंह, दिलीप सिंह सहित दर्जनन किसान पार्टी के कार्यकर्ता क्षेत्र भ्रमण कइल लोग।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-