स्पाेर्ट्स डेस्क। महिला प्रीमियर लीग (WPL) में अतवार के दिन दिल्ली कैपिटल्स के तेज गेंदबाज नंदिनी शर्मा इतिहास रच देली। नंदिनी एह टी20 लीग में हैट्रिक लेवे वाली चउथा गेंदबाज बन गइलीं आ रिकॉर्ड बुक में आपन नाम दर्ज करा लेली। नंदिनी से पहिले WPL के हर सीजन में एक-एक हैट्रिक देखे के मिलल रहे। नंदिनी के हैट्रिक WPL 2026 के पहिला हैट्रिक हs।
हालांकि, नंदिनी के घातक गेंदबाजी के बादो दिल्ली कैपिटल्स के टीम मुकाबला जीत ना सकल। आईं जानल जावs कि महिला प्रीमियर लीग में कब-कब आ कवन-कवन गेंदबाज हैट्रिक लेले बा लोग।
1. इस्सी वोंग (2023): WPL के पहिला हैट्रिक
मुंबई इंडियंस के तेज गेंदबाज इस्सी वोंग 2023 में महिला प्रीमियर लीग के इतिहास में पहिला हैट्रिक लेली। ई उपलब्धि ऊ यूपी वॉरियर्स के खिलाफ डीवाई पाटिल स्टेडियम में हासिल कइली। इस्सी वोंग के शिकार बनलीं किरण नवगीर, सिमरन शेख आ सोफी एक्लेस्टोन। एह हैट्रिक से प्लेऑफ मुकाबला के रुख पलट गइल आ मुंबई इंडियंस के अहम जीत मिलल।
2. दीप्ति शर्मा (2024): कंट्रोल आ वैरिएशन के कमाल
साल 2024 में दीप्ति शर्मा दिल्ली में खेलल गइल यूपी वॉरियर्स बनाम दिल्ली कैपिटल्स मैच में हैट्रिक लेली।
ऊ मेग लेनिंग, अनाबेल सदरलैंड आ अरुंधति रेड्डी के लगातार आउट कइली। दीप्ति के ई हैट्रिक उनका सानदार लाइन-लेंथ, कंट्रोल आ वैरिएशन के बेहतरीन उदाहरण रहे।
3. ग्रेस हैरिस (2025): घातक गेंदबाजी से मचवली कोहराम
ऑस्ट्रेलिया के स्टार ऑलराउंडर ग्रेस हैरिस 2025 में बल्ला के संगे-संगे गेना से कमाल कइली।
यूपी वॉरियर्स से खेलत बंगलूरू में दिल्ली कैपिटल्स के खिलाफ मुकाबला में निकी प्रसाद, अरुंधति रेड्डी आ मिन्नु मणि के पवेलियन भेज देली। ई हैट्रिक ई साबित कइलस कि टी20 क्रिकेट में ऑलराउंड स्किल केतना बड़ हथियार होला।
4. नंदिनी शर्मा (2026): चार विकेट वाला ओवर आ ऐतिहासिक हैट्रिक
सबसे ताजा हैट्रिक नंदिनी शर्मा के नावे दर्ज भइल बा। 2026 में डीवाई पाटिल स्टेडियम में दिल्ली कैपिटल्स खातिर खेलत गुजरात जाएंट्स के खिलाफ ऊ ई कारनामा कइलें। नंदिनी लगातार कनिका आहूजा, राजेश्वरी गायकवाड़ आ रेणुका सिंह के आउट कइली। ऊ चार ओवर में 33 रन देके 5 विकेट झटकली। हालांकि, एतना सानदार प्रदर्शन के बादाे दिल्ली के टीम मुकाबला हार गइल।
मैच के हाल
एह मुकाबला में गुजरात जाएंट्स 209 रन पs ऑलआउट भइल। टीम खातिर सोफी डिवाइन 42 गेना में 95 रन के धमाकेदार पारी खेलली। कप्तान एश्ले गार्डनर 26 गेना में 49 रन ठोकली। जवाब में दिल्ली कैपिटल्स 205/5 तक पहुंचल, बाकिर आखिरी ओवर में 7 रन पूरा ना कs सकली। दिल्ली खातिर लिजेल ली 54 गेना में 86 रन आ एल वोल्वार्ट 38 गेना में 77 रन बनवली।
महिला प्रीमियर लीग में हैट्रिक- पूरा लिस्ट
| खिलाड़ी | मैच | स्थान | साल | शिकार |
|---|---|---|---|---|
| इस्सी वोंग | MI vs UPW | नवी मुंबई | 2023 | किरण नवगीर, सिमरन शेख, सोफी एक्लेस्टोन |
| दीप्ति शर्मा | UPW vs DC | दिल्ली | 2024 | मेग लेनिंग, अनाबेल सदरलैंड, अरुंधति रेड्डी |
| ग्रेस हैरिस | UPW vs DC | बंगलूरू | 2025 | निकी प्रसाद, अरुंधति रेड्डी, मिन्नु मणि |
| नंदनी शर्मा | DC vs GG | नवी मुंबई | 2026 | कनिका आहूजा, राजेश्वरी गायकवाड़, रेनुका सिंह |







