Nagpur Violence: नागपुर हिंसा के मुख्य आरोपी के घर पs चलल बुलडोजर, बिल्डिंग प्लान के मंजूरी ना होखला पs कार्रवाई

Nagpur Violence: नागपुर हिंसा के मुख्य आरोपी के घर पs चलल बुलडोजर, बिल्डिंग प्लान के मंजूरी ना होखला पs कार्रवाई

Share

नागपुर हिंसा के मुख्य आरोपी फहीम खान के घर के अवैध हिस्सा के जमीदोज कs दिहल गइल बा। नगर निगम अधिकारी सोमार के एकरा के ध्वस्त कs दिहल। फहीम खान पs देशद्रोह के ममिला दर्ज कइल गइल बा। नोटिस के बादो ऊ अवैध ढांचा के ना हटवलस। ऊ अल्पसंख्यक लोकतांत्रिक पार्टी (एमडीपी) के नेता हवे।

फहीम खान महाराष्ट्र के नागपुर शहर में 17 मार्च के भइल हिंसा खातिर गिरफ्तार कइल गइल 100 से जादे लोगन में सामिल बा। सूत्रन के मोताबिक, कुछ दिन पहिले नागपुर नगर निगम ओकरा के नोटिस जारी कइल गइल रहे। एमे कइयन गो खामियन खातिर आ घर खातिर बिल्डिंग प्लान के मंजूरी ना होखला के हवाला दिहल गइल रहे। जानकारी के मोताबिक, घर यशोधरा नगर इलाका में संजय बाग कॉलोनी में इस्थित बा। घर फहीम खान के पत्नी के नाम पs पंजीकृत बा। एमडीपी के शहर प्रमुख फिलहाल जेल में बंद बा।

Read Also: मुंबई इंडियंस के 24 साल के उभरत सितारा विग्नेश पुथुर से खास अंदाज में मिललें धोनी, पीठ थपथपवलें

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-