[the_ad_group id="30365"]

सहारनपुर में बड़ वारदात: भाजपा नेता पत्नी आ तीन गो लईकन के मरलस गोली, बेटा-बेटी के माैत, दु गंभीर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सहारनपुर : जनपद के गंगोह में सांगाखेड़ा के भाजपा नेता पत्नी आ तीन लईकन के गोली मार देलस। हमला में चारो गंभीर रूप से घायल हो गइल बा। ओह लोगन के अस्पताल में भरती करावल गइल, जहां बेटा शिवांश आ बेटी श्रद्धा उपचार के दाैरान दम तुड़ दिहल लो।

बतावल गइल बा कि भाजपा जिला कार्यसमीति के सदस्य योगेश रोहिला अपना पत्नी नेहा (32), शिवांश (4), देवांश (7), श्रद्धा (8) के गोली मार देलस। चारो गंभीर रूप से घायल हो गइल लो। गोली के आवाज सुनके अगरी-कगरी के लोग मवका पs पहुंचल आ घायलन के अस्पताल में भरती करावल।

भाजपा नेता घर के भीतरिये एह वारदात के अंजाम देलस। बतावल गइल बा कि चारो के माथा में गोली मारल गइल बा। हालांकि, आरोपी भाजपा नेता के पुलिस मवका से गिरफ्तार कs लेले बिया।

इहो जानकारी मिलल बा कि भाजपा नेता कुछ दिनन से मानसिक रूप से बेमार चलत रहे। ओकरा लगे लाइसेंसी पिस्टल बतावल गइल बा, जवना से ऊ पत्नी आ लईकन के गोली मरले बा। सबकर अस्पताल में उपचार चल रहल बा। पुलिस आरोपी के थाने ले गइल बिया। मवका पs जांच पड़ताल कइल जा रहल बा।

घायल बेटा शिवांश आ बेटी श्रद्धा के अस्पताल में माैत हो गइल बा जबकि पत्नी आ एगो बेटा अस्पताल में जिनगी आ माैत से जूझ रहल बा लो। बतावल जा रहल बा कि भाजपा नेता मानसिक रोग के उपचार करा रहल बा।

Read Also: दिल्ली के शाहीन बाग में जूता के शोरूम में लागल भीषण आग

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]