सेंट्रल डेस्क: महाराष्ट्र के नागपूर जिला में अतवार के एगो बड़ हादसा हो गइल। नागपुर के कटोल तहसील में इस्थित एगो विस्फोटक बनावे वाला कारखाना में जोरदार धमाका भइल, जवना में कम से कम 15 लोगन के मौत हो गइल। कइयन गो लोग गंभीर रूप से घायल बतावल जा रहल बा।
पुलिस जानकारी देलस कि ई धमाका विस्फोटक फैक्ट्री के भीतर भइल, जवन बहुते तेज रहे। हादसा के बाद पूरा इलाका में अफरातफरी मच गइल।
SBL Energy Limited के फैक्ट्री में भइल धमाका
जानकारी के मोताबिक, कटोल तहसील के राउलगांव में खनन आ औद्योगिक विस्फोटक बनावे वाली कंपनी SBL Energy Limited के कारखाना में ई विस्फोट भइल। न्यूज एजेंसी पीटीआई के रिपोर्ट अनुसार, कंपनी के डेटोनेटर पैकिंग यूनिट में सबेरे करीब 7 बजे से 7:15 बजे के बीच धमाका भइल।
15 लोगन के मौत, 18 गंभीर
पुलिस बतवलस कि धमाका होतही घायल लोगन के तुरंत नागपुर के अस्पताल में भरती करावल गइल। नागपुर ग्रामीण के एसपी हर्ष पोद्दार घटना के पुष्टि करत कहलें कि विस्फोट में 15 लोगन के जान चल गइल आ 18 लोग गंभीर रूप से घायल बा।
कंपनी के एगो अधिकारी बतवलें कि राहत आ बचाव अभियान जारी बा आ जल्दिये आधिकारिक बयान जारी कइल जाई। एह दर्दनाक हादसा से इलाका में मातम के माहौल बा आ प्रशासन पूरा ममिला के जांच में जुट गइल बिया।
Read Also: T20 World Cup 2026 से बाहर होखतही सनथ जयसूर्या छोड़लें कोच पद, श्रीलंकाई क्रिकेट में मचल हड़कंप








