Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

मस्क नीलाम करिहें ट्विटर हेडक्वार्टर के 265 सामान: ज्यादातर समान के दाम 25 चाहे 50 डॉलर, 17 जनवरी से होई ऑनलाइन नीलामी

383

ट्विटर के टेकओवर कs चुकल एलन मस्क नयका साल में सैन फ्रांसिस्को हेडक्वार्टर के 265 सामान नीलाम करिहें। नीलामी 17 जनवरी के ऑनलाइन होई। एहमें कॉफी मशीन जइसन किचन आइटम, इलेक्ट्रॉनिक्स, फर्नीचर जइसन चीज रखल गइल बा। ऑनलाइन बिडिंग 17 जनवरी से 18 जनवरी ले चली। ज्यादातर चीज के शुरुआती कीमत 25 चाहे 50 डॉलर रखल गइल बा।

ई सब आइटम ऑनलाइन साइट बिड स्पॉटर पs भी लिस्टेड बा। एकरे मुताबिक पेमेंट केबल वायर ट्रांसफर पर होई, जेके नीलामी खत्म होखले 48 घंटा में चुकावे के होई।

कॉफी मशीन, ओवन अउर फ्रिजओ होई नीलाम

नीलामी वाले आइटम में दू एक्सरसाइज बाइक, एस्प्रेसो मशीन अउर एक गूगल 55 इंच डिजिटल व्हाइट बोर्ड डिस्पले, दर्जनों कुर्सी अउर कॉफी मशीन शामिल बा। नीलामी देख रहल हेरिटेज ग्लोबल पार्टनर्स के निक डव बतवलें कि एह नीलामी के ट्विटर के फाइनेंशियल कंडीशन से कौनो लेना-देना नइखे। जे केहू अइसन सोचsता, उ मूरख ह।

दावा- नुकसान अउर कर्ज से उबरले के कोशिश

पिछले दिन ई बात सोझे आइल रहे कि कंपनी टेकओवर कइला के बाद मस्क के रोजाना 32 करोड़ के नुकसान हो रहल बा। मस्क ट्विटर के 44 बिलियन डॉलर में खरिदले बानें। ऊ जल्दिए एकर भरपाइयों कइल चाहsतनें। ट्विटर पर भारी कर्जा बा। ऊ एके खतम करे खातिर विज्ञापन पर निर्भर नइखे रहल चाहत, एहीलिए सब्सक्रिप्शन के मॉडल से रेवेन्यू बढ़ावल चाहतनें। हेडक्वार्टर के संपत्तियन नीलामी भी एही नुकसान के भरपाई करे के नजर से देखल जा रहल बा।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.