घर, मंदिर, दुकान… सभ के लाइन से फूंक दिहलस, रिलीफ कैंप में कैदी बनले हिंदू परिवार

Minee Upadhyay

वक्फ एक्ट के विरोध में हिंसा के आग में पश्चिम बंगाल जरत बा। मुर्शिदाबाद के बाद सोमार के दक्षिण 24 परगना में फेर से भारी हिंसा भड़कल। भंगड़ा क्षेत्र में भारतीय धर्मनिरपेक्ष मोर्चा के कार्यकर्ता द्वारा भारी हिंसा। पुलिस के गाड़ी के तोड़फोड़ कईल गईल। दुकानन पर पथराव हो गइल, कई गो बाइक में आग लगा दिहल गइल आ राजमार्ग जाम हो गइल. भारतीय धर्मनिरपेक्ष मोर्चा के कार्यकर्ता घंटन तक तोड़फोड़ अवुरी हंगामा मचवले। एही तरे भारतीय धर्मनिरपेक्ष मोर्चा के कार्यकर्ता पूर्वी बर्धामन में भी हंगामा मचवले। पुलिस जब बैरिकेड लगवलस तs ओकरा के भी तोड़े के कोशिश कईलस, ओकरा बाद पुलिस लाठी-चार्ज क के बदमाश के भगा देलस।

शुक के मुर्शिदाबाद में भईल हिंसा के बाद धुलियान इलाका में दंगाई के डर एतना बा कि लोग घर से बाहर नईखन आवत। जब बीएसएफ के जवान झंडा मार्च कईले तs फेर हिन्दू समुदाय के लोग बाहर निकलल। मुर्शिदाबाद के धुलियान में दंगाई केहु के ना बख्शल। घर होखे, मंदिर होखे भा दोकान, हर जगह तोड़फोड़ होखत रहे। एक-एक करके दोकान जर गइल। हालात अइसन बा कि एहिजा रहे वाला लोग आपन जान बचावे खातिर पलायन कर रहल बा.

1 हजार लोग घर छोड़ के मालदा पहुंचले

मुर्शिदाबाद में सूती, धुलियान शमशेरगंज आ जंगीपुर में दंगाई अधिका से अधिका लूटपाट, हिंसा आ आगजनी कइल. एकरा बाद धुलियान के हिन्दू एतना डेरा गईले कि करीब एक हजार लोग घर छोड़ के मालदा पहुंच गईले। मालदा के लालपुर हाई स्कूल में अब हिन्दू शरण लेले बाड़े बाकिर उनुकर परेशानी इहाँ भी खतम नईखे भईल। स्कूल के पुलिस बंद कs देले बिया। केहू के बाहर ना जाए दिहल जा रहल बा, जवना के चलते लोग के खाना-पानी मिले में समस्या के सामना करे के पड़ता। लोग के दवाई तक ना मिल पावत बा।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: रोज करीं इs 4 गो योगासन, आंख के puffiness होई दूर

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।