हत्या आ कि आत्महत्या? राष्ट्रीय पुरस्कार से सम्मानित बृज किशोर दुबे के संदिग्ध अवस्था में मौत, बाथरूम में मिलल लाश
बिहार के संगीत के कमान सम्हारे वाले 68 वर्षीय दिग्गज गायक बृज किशोर दुबे के सोमार के संदिग्ध अवस्था में मौत हो गइल बा। उनकर लाश केसरी नगर स्थिति अजंता कॉलोनी में उनके दोस्त के फ्लैट के बाथरूम में मिलल। एह खबर से कला जगत में सनसनी फैल गइल। पुलिस अभिन एह मामिला में हत्या चाहे आत्महत्या के पहलू पर जांच कs रहल बा।
बतावल जा रहल बा कि सोमार के घटना के जानकारी मिलतही पटना पुलिस के टीम डीएसपी के नेतृत्व में मौका पर पहुंच गइल रहे। लगभग दू घंटा के छानबीन के बाद पुलिस लाश के पोस्टमार्टम खातिर पीएमसीएच भेज दिहलस। बता देईं कि घटनास्थल से पुलिस एगो सुसाइड नोट भी बरामद कइले बा। पुलिस अधिकारियन के मानल जाव तो कहीं कौनो जख्म के निशान नाइ बा। अइसे में जांच के एक ओर से त ई आत्महत्या के मामला लग रहल बा अउर मौका से सुसाइड नोट भी मिलल बा।
उहवें, दूसरे ओर से देखल जाय त लाश बाथरूम में पानी भरल एगो टब में रहल। उनका आधा नीचे के हिस्सा कुर्सी पर रहल अउर ऊपर के हिस्सा टब में पानी के अंदर अउर उनके दूनों पैर गमछा से तीन जगह बन्हाइल पावल गइल बा। फिलहाल, पोस्टमार्टम रिपोर्ट अइले के बाद ही कुछ स्पष्ट कइल जा सकsता। कई बिंदुअन पर छानबीन कइल जा रहल बा। कुछ लोग से पूछताछ भी कइल जा रहल बा।
बता देईं कि बृज किशोर मूल रूप से रोहतास जिला के रहे वाला रहनें। गायक बृज किशोर के लोग संगीत बिहार के क्षेत्र में योगदान खातिर राष्ट्रपति द्वारा संगीत नाटक अकादमी अवार्ड से सम्मानित कइल जा चुकल रहल। बृज किशोर लोक गायक होखले के साथ-साथ उम्दा किस्म के गीतकार भी रहनें। कई भोजपुरी फिल्मन खातिर ऊ गीत लिख चुकल रहने। भोजपुरी अकादमी से सहायक निदेशक के पद से रिटायर्ड बृज किशोर दुबे आकाशवाणी पटना से भी जुड़ चुकल रहनें।
घटना के बारे में पुलिस सूत्रों से मिलल जानकारी के अनुसार, बृज किशोर के रविंद्र कुमार से कई साल से जान पहचान रहल। लोहा गेट के लग्गे अजंता कालोनी में रविंद्र एगो मकान के दूसरी मंजिल पर किराया का कमरा लेहले बानें। ओह कमरा में तीन चार साल से गायन, वादन, नृत्य का प्रशिक्षण कइल जात रहे। रविंद्र के ड्यूटी सोनपुर मेला में लागल रहे। बृज किशोर उनसे शनिचर के कमरा के चाबी मांग लिहले रहनें। अतवार दोपहर में बृज किशोर दीघा स्थित फ्लैट से खाना खा के अजंता कॉलोनी के मकान पर गइलें।
स्वजन लोग के मानल जाव त जब भी उनके कुछ लिखे-पढ़े के होखे त कई बेर बाहर जात रहनें। अतवार के रात ऊ घर नाइ लौटलें. जब सुबह स्वजन उनके मोबाइल पर फोन कइलें लोग त बंद मिलल। परेशान परिजन द्वारा उनके वाट्सऐप पर मैसेज भी कइल गइल, कौनो जवाब नाइ मिलल। तब परिजन लोग उनकर खोजबीन शुरू कइल अउर सोमार दूपहर करीब तीन बजे अजंता कॉलोनी स्थित कमरे में पहुंचल त देखल कि उनकर शव बाथरूम में पड़ल बा। घटनास्थल पर उनकर बेटी मनीषा कुमार, पत्नी रामकुमारी देवी, दामाद मनिंद्र मिश्रा अउर छोट बेटा भी पहुंचलें।
Comments are closed.