Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सारण जिला के मांझी क्षेत्र के मुबारकपुर में मुखिया पति हरेन्द्र यादव के हत्या के भइल खुलासा! मुख्य हत्यारा गिरफ्तार

2,171

(सारण)/ धर्मेंद्र कुमार सिंह: सारण के मांझी प्रखंड अंतर्गत मुबारकपुर गांव में भइल हत्याकांड मुखिया पति हरेंद्र यादव के हत्याकांड के खुलासा भइल, जेमे सारण एसपी के द्वारा ई खुलासा कइल गइल बा।

सारण एसपी के द्वारा जारी प्रेस विज्ञप्ति में कहल गइल बा कि दिनांक 3 जून 2023 के मांझी थाना क्षेत्र अंतर्गत पूर्व मुखिया पति हरेंद्र राय के हत्या कुछ अभियुक्तन द्वारा कs दिहल गइल बा, जवना के संदर्भ में उनका परिजनन के बयान पs छव नामजद अभियुक्तन आ आउर अभियुक्तन के विरूद्ध मांझी थाना कांड संख्या 168 बटा 23 दर्ज कइल गइल रहे। एह घटना के अनुसंधान खातिर एगो एसआईटी के गठन कइल गइल रहे। प्रारंभिक कार्रवाई में प्राथमिकी प्राथमिक अभियुक्त अभिराज सिंह पिता मुन्ना सिंह के न्यायिक हिरासत में भेज दिहल गइल रहे, बाकिर तकनीक आ आउर माध्यमन से अनुसंधान में ई बात सामने आइल कि नामजद अभियुक्तन के बजाय कुछ आउर लोग एह घटना के कइले बा। पूरा घटनाक्रम आ सब संभावित अभियुक्तन के तकनीक सर्विलांस आ आउर माध्यमन से बारीकी से अनुसंधान कइल गइल। एह घटना के चश्मदीद गवाह बलिराम मंडल उर्फ कवींद्र जवन हत्या के समय मृतक के साथे रहस, उनका से गहराई से पूछताछ कइल गइल। चश्मदीद गवाह द्वारा पुलिस के समक्ष आ माननीय न्यायालय में दिहल गइल बयान के मोताबिक ई घटना फरवरी 2023 में मुबारकपुर में भइल दोहरा हत्याकांड के मुख्य अभियुक्त विजय यादव आ उनका साथियन द्वारा रवि यादव आ आउर सूत्रन के माध्यम से कार्य कार्रवाई कइल गइल। एह लोगन के बयान में आइल तथ्यन के आधार पs शूटर रवि यादव के सीवान से गिरफ्तार कइल गइल। रवि यादव पूछताछ के क्रम में एह घटना में आपन संलिप्तता स्वीकरलस। ओकरा स्वीकृति बयान के अनुसार विजय यादव के इशारा पs सिवान के कुख्यात अपराधी आ विजय यादव के करीबी सहजोगी लाली यादव द्वारा एह घटना के साजिश रचल गइल। लाली यादव एह साजिश के पूरा योजना बनवलस आ घटना के अंजाम देवे खातिर अपराधी एकत्रित कइलस, जेमे रवि यादव के अलावे यादव दीपक यादव आ आउर अपराधी सामिल रहलें सs।

एह हत्या खातिर अपराधियन के ₹700000 के कीमत तय कइल गइल रहे। ऊ घटना के दिन हरेंद्र यादव के एगो बियाह कार्यक्रम से मोटरसाइकिल पs बिठाके सुनसान जगह पs जाके गोली मारके हत्या कs दिहल। बयान के मोताबिक घटना के कारण ई बा कि विजय यादव के मानल रहे कि उनकर पिता के दिनांक 7 दिसंबर 2021 के भइल हत्या में मुख्य साजिशकर्ता हरेंद्र राय रहे। एह घटना के आलोक में दर्ज मांझी थाना कांड संख्या 440 बटा 21 प्राथमिकी अभियुक्त रहे। 7 फरवरी 2023 में विजय यादव द्वारा कइल गइल हत्याकांड के वीडियो वायरल करे के जिम्मेदार विजय यादव द्वारा हरेंद्र राय के मानल जात रहे, जवना के कारण एह घटना अंजाम भइल। विजय यादव आ हरेंद्र यादव के बीच राजनीतिक प्रतिद्वंदिता रहे। 2021 में मुखिया चुनाव में एक-दूसरा के कट्टर प्रतिद्वंदी रहे। एही कारणन से विजय यादव द्वारा लाल यादव के माध्यम से एह घटना के साजिश रचल गइल घटना के आरोपी रवि यादव के गिरफ्तार कs के न्यायिक हिरासत में भेज दिहल गइल बा। एगो आउर शूटर दीपक यादव द्वारा श्री सुमन कांड संख्या 250/ 21 में एह घटना के बाद आत्मसमर्पण कs दिहल गइल बा। सुग्रीव यादव के एह घटना के बाद सिसवन थाना कांड संख्या 297/ 22 में सिवान पुलिस द्वारा गिरफ्तार कइल गइल बा। ई दुनो के एह घटना में रिमांड कइल जाई। एह घटना के में संलिप्त बाकी अभियुक्तन के गिरफ्तारी हेतु छापेमारी कइल जा रहल बा।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.