[the_ad_group id="30365"]

Rajasthan: कोर्ट ले जइले के दौरान गैंगस्टर कुलदीप जघीना के गोली मार के हत्या, जवानन पs मिरचा फेंक के बदमाश फरार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

राजस्थान में गैंगस्टर कुलदीप जघीना के गोली मार के हत्या क दिहल गईल। पुलिस टीम जयपुर से गुंडा कुलदीप के भरतपुर कोर्ट ले आवत रहे। एह दौरान बदमाश उनुका पs हमला क देले।हमला में गुंडा कुलदीप के कई गो गोली लागला के बाद मउत हो गइल। बतावल जाता कि बदमाश पहिले पुलिसकर्मी के आंख में लाल मिरचा फेंकले अवुरी ओकरा बाद गोली चला के फरार हो गईले। बता दी कि गुंडा कुलदीप सिंह जगीना भाजपा नेता कुलदीप सिंह जघीना हत्याकांड में गिरफ्तार हो गइले।

जानकारी के मुताबिक जयपुर पुलिस के टीम गुंडा कुलदीप सिंह जघीना के सरकारी बस से भरतपुर ले जात रहे। भरतपुर के अमोली टोल प्लाजा के लगे जघीना पs बदमाश गोलीबारी कईले। बदमाश करीब 8-10 राउंड फायरिंग कईले। ए दौरान गोली के चोट के चलते जघिना के मौका प मौत हो गईल। पुलिस टीम गुंडा जघीना के लाश के अस्पताल ले गईल। एकरा संगे घटना के जानकारी पs भारी पुलिस बल मउका पs मौजूद बा।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]