नगर निकाय चुनाव: मतदाता सूची के अंतिम प्रकाशन आजु, सवा लाख वोटर बढ़लें

Share

नगर निकाय के मतदाता सूची के अंतिम प्रकाशन सुक्क के होई। एके ले के बियफे के देर साँझ ले तैयारी चलत रहे। अक्तूबर अउर नवंबर में चलल मतदाता पुनरीक्षण अभियान के दौरान सवा लाख से ज्यादा वोटर बढ़ल बानें।

एक से सात नवंबर तक चलल दूसरे चरण के अभियान में करीब 60 हजार वोटर बढ़ल बानें। जबकि, नौ हजार वोटरन के नाम काटल गइल बा। निकाय चुनाव में करीब 13.44 लाख मतदाता, प्रत्याशियन के भविष्य के फैसला करिहें। मतदाता सूची के अंतिम प्रकाशन के बाद वास्तविक आंकड़ा सोझे आई।

निर्वाचन कार्यालय से मिलल जानकारी के मुताबिक, नगर निगम में सर्वाधिक वोटर बढ़ल बानें। पिछले महीने अक्तूबर में भइल डोर-टू-डोर मतदाता पुनरीक्षण अभियान के दौरान नगरीय निकाय के मतदाता सूची में करीब 66 हजार वोटरन के नाम बढ़ल रहे।

यानी अक्तूबर अउर नवंबर में चलल दूनों मतदाता पुनरीक्षण अभियान के आंकड़ा जोड़ दिहल जाय त करीब सवा लाख से ज्यादा वोटर बढ़लें। निकाय चुनाव के मद्देनजर परिसीमन के काम पूरा हो चुकल बा अउर वार्डन के आरक्षण तय करे के प्रक्रिया भी आखिरी चरण में बा।

1,155 बूथन पर होई वोटिंग

एडीएम फाइनेंस राजेश कुमार सिंह के अध्यक्षता में नगर निगम सभागार में बूथन के ले के बैठक भइल। बतावल गइल कि निकाय चुनाव खातिर कुल 1,155 बूथ बनावल गइल। एहमें नगर निगम में सर्वाधिक 804 बूथ बा। सहजनवां में 36, बांसगांव में 22, मुंडेरा बाजार में 30, पीपीगंज में 47, पिपराइच में 37, गोला बाजार में 37, बड़हलगंज में 38, कस्बा संग्रामपुर में 22, चौमुखा में 25, उरुवां बाजार में 25 अउर घघसरा बाजार में 32 बूथ बनावल गइल बा।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-