हिंदू देवता पर कइले रहले ई अभद्र टिप्पणी, मुनव्वर फारुकी के विवादन से पुरान नाता

कुमार आशू

हास्य कलाकार मुनव्वर फारुकी के ले के एक बेर फिर विवाद छिड़ गइल बा। गत शुक्र के हैदराबाद में फारुकी के शो के भाजपा कड़ा विरोध कइल। एह दौरान फारुकी के साथ झूमाझटकी भी भइल रहल। एकरे बाद भाजपा विधायक टी राजा सिंह पैगंबर के ले के आपत्तिजनक वीडियो साझा क देहलें। एसे विवाद गर्मा गइल बा। अइसे में ई जानल जरूरी बा कि फारुकी के कौन टिप्पणियन से भाजपा नेता खफा बानें अउरी काहें ऊ फारुकी के विरोध करत बानें।

हैदराबाद पुलिस भाजपा विधायक टी. राजा सिंह के वीडियो वायरल होखला के बाद उनके गिरफ्तार कs लिहलस। एसे पहिले हैदराबाद में मुस्लिम सब उग्र प्रदर्शन कs के सिंह के गिरफ्तारी के’ मांग कइले रहल। पुलिस सिंह के अलावा अन्य भाजपा नेता के भी गिरफ्तारी कइले बा। हैदराबाद के डीसीपी पी साई चैतन्य बतवने, बड़ संख्या में लोग बीतल रात साउथ जोन डीसीपी कार्यालय में विरोध प्रदर्शन कइले रहने। लोग के कहनाम रहल कि भाजपा विधायक एगो समुदाय के धार्मिक भावना के आहत कइले बाने। एकरे बाद विधायक के खिलाफ आईपीसी के कई धारा में मामला दर्ज कइल गइल रहल।

बता देई, फारुकी अपने शो में हिंदू देवी देवता के हंसी उड़ावे अउरी उनके बारे में अभद्र टिप्पणी के ले के विवाद में रहल बानें। उन के ले के विवाद के शुरुआत पिछले साल मध्यप्रदेश के इंदौर शहर से भइल रहल। इहां उ अपने ‘स्टैंडअप कॉमेडी शो’ में हिंदू देवता के खिलाफ कथित तौर पर आपत्तिजनक बात कहले रहे। एकरे बाद भाजपा नेता लोग कार्यक्रम में हंगामा मचवले रहने अउरी उनके गिरफ्तार कइले के मांग कइले रहलें। पुलिस फारुकी के गिरफ्तार क के जेल भेज देहले रहे बाद में सुप्रीम कोर्ट के आदेश पर फारुकी के एक महीना बाद जेल से रिहा कइल गइल रहल।

फारुकी कइले रहलें ई कुल बात

इंदौर में फारुकी के गिरफ्तारी के बाद एक वीडियो वायरल भइल रहे। एहमें फारुकी भगवान राम अउरी  माता सीता के ले के अभद्र टिप्पणी करत लउकले। उनके कथित वीडियो में ऊ कहेले – ‘हमार पिया घरे आ गईलें ए राम जी।’ राम जी पिया के बारे में फ…. ना देवेले। इ सुन के राम जी कहतारे, हम खुद 14 साल से घरे नईखी गईल। अगर सीता सुनती त उनका शंका हो जाइत। सीता के माधुरी प पहिलही से शंका बा। गाना बा तेरा करू’ गिन-गिन के इंतजार। उनका लागल कि बा निर्वासन में गिनती करत बाड़े, एहसे उ 14 साल प रुक गईली।

Share This Article