Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Mumbai Rains: मुंबई में भारी बारिश के चलते विमान सेवा प्रभावित, 36 गो उड़ान रद्द

214
Google Ads 300*250 for posts

Mumbai Rains: मुंबई में लगातार होखत भारी बरखा के चलते एक ओर सामान्य जीवन प्रभावित होखsता तऽ दोसरा ओर एयरलाइंसो पs असर पड़sता। खराब मौसम के चलते मुंबई हवाई अड्डा से 36 गो उड़ान रद्द हो गइल बा। कई गो उड़ान के रूट अहमदाबाद समेत आसपास के अलग-अलग हवाई अड्डा के ओर मोड़ दिहल गइल।

महाराष्ट्र के राजधानी मुंबई में भइल भारी बरखा के चलते हवाई सेवा बाधित हो गइल बा।  पीटीआई के दिहल जानकारी के मोताबिक मौसम के देखत एतवार के मुंबई हवाई अड्डा से 36 उड़ान रद्द कऽ दिहल गइल बा। एजेंसी सूत्र के हवाला से कहलस कि, बारिश के चलते सुविधा संचालक के करीब एक घंटा के भीतर दु बेर रनवे के कामकाज बंद करे के पड़ल।

सूत्र के मोताबिक छत्रपति शिवाजी महाराज अंतर्राष्ट्रीय हवाई अड्डा पs रद्द भइल उड़ान इंडिगो के संगे-संगे एयर इंडिया आ विस्तारा के रहे। सूत्र के हिसाब से, ‘शहर में लगातार होखत भारी बरखा आ कम दृश्यता के चलते एतवार के 18 गो आउर जाए वाली उड़ान के रद्द करे के पड़ल।’

रनवे के संचालन दु बेर रुक गईल

रद्द भइल उड़ान में इंडिगो के 24 आ एयर इंडिया के 8 उड़ान शामिल बा। विस्तारा मुंबई हवाई अड्डा पs आपन चार गो उड़ानो रद्द कऽ दिहलस। पहिले खबर आइल रहे कि खराब मौसम आ कम दृश्यता का चलते रात के बारह बजे आ बाद में दुपहरिया एक बजे से डेढ़ बजे ले आठ मिनट खातिर रनवे के कामकाज बंद कर दिहल गइल।

सूत्र के मानल जाव तऽ एयर इंडिया, इंडिगो आ अकासा समेत कम से कम 15 उड़ान के शाम चार बजे तक नजदीकी हवाई अड्डा, मुख्य रूप से अहमदाबाद पs मोड़ दिहल गइल। बृहानमुंबई नगर निगम के मोताबिक, शाम के चार बजे तक शहर में 82 मिमी, पूर्वी उपनगर में 96 मिमी अवुरी पश्चिमी उपनगर में 90 मिमी बरखा भइल। भारी बरखा के चलते पूरा मुंबई में उड़ान परिचालन के अलावे सड़क आ रेल सेवो प्रभावित भईल। एक ओर जहां बहुत सड़क पs पानी भर गइल रहे, ओहिजा सेंट्रल रेलवे के हार्बर लाइन पs कुछ जगह पs पटरीयो पानी में डूब गइल रहे।

903320cookie-checkMumbai Rains: मुंबई में भारी बारिश के चलते विमान सेवा प्रभावित, 36 गो उड़ान रद्द

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.