[the_ad_group id="30365"]

Aadhaar Card Download: आधार कार्ड के मोबाइल में कइसे डाउनलोड करी, बहुते आसान बा तरीका

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

आधार कार्ड (Aadhaar Card) भारतीय नागरिकन के पहचान से जुड़ल डॉक्युमेंट बा। कइयन बेर जरूरत पड़ला पs आधार कार्ड हाथ में ना होला। अइसन में पहचान के सत्यापित करे वाला एह जरूरी डॉक्युमेंट के वजह से काम अटक सकत बा। अइसन रउआ संगे ना होखे, एकरा खातिर मोबाइल में आधार कार्ड के डाउनलोड कs के रख सकत बानी।

जी हs, हर भारतीय नागरिक अपना आधार कार्ड के भारतीय विशिष्ट पहचान प्राधिकरण (Unique Identification Authority of India) के ऑफिशियल वेबसाइट से डाउनलोड कs सकत बा। जदि रउआ लगे स्मार्टफोन बा आ इंटरनेट के सुविधा बा तs एकरा के जरूरत के बेरा तुरंत डाउनलोड कइल जा सकत बा। एह आर्टिकल में आधार कार्ड के मोबाइल में डाउनलोड करे के तरीका बता रहल बानी सs-

आधार कार्ड के मोबाइल में कइसे डाउनलोड करी

  • सबसे पहिले गूगल पs UIDAI टाइप करे के होई।
  • अइसन कइला के संगही भारतीय विशिष्ट पहचान प्राधिकरण के ऑफिशियल वेबसाइट सबसे पहिले नजर आवेला।
  • एह वेबसाइट (https://uidai.gov.in/hi/) पs क्लिक कs के बाद वेबसाइट के मेन पेज नजर आई।
  • अब हिंदी भा इंग्लिश में से कवनो एक भाषा के संगे आगे बढ़ सकत बा।
  • अब नीचे आकर Get Aadhaar के नीचे Download Aadhaar पs क्लिक करे के होई।
  • अब आपन आधार नंबर आ कैप्चा एंटर करे के होई।
  • अब Send OTP पसे क्लिक करे के होई।
  • अब रजिस्टर्ड मोबाइल नंबर पs आइल ओटीपी के एंटर करे के होई।
  • कुछे सेकंड में आधार कार्ड पीडीएफ फाइल के रूप में डाउनलोड हो जाई।
  • डाउनलोड फाइल के रउआ ओपन कs के इस्तेमाल कs सकत बानी।

PDF फाइल खोले खातिर पासवर्ड का होई

इहां बतावल जरूरी बा कि आधार कार्ड गो प्राइवेट डॉक्युमेंट हs। एहिसे एह फाइल के खाकी एगो यूनिक पासवर्ड से ओपन कइल जा सकत बा। एकरा खातिर आधार कार्ड धारक के अपना नाम के पहिले 4 लेटर कैपिटल में आ डेट ऑफ ईयर के इस्तेमाल कs के आठ कैरेक्टर के पासवर्ड एंटर करे के होई।

उदाहरण खातिर: 

आधार कार्ड धारक के नाम- रमन (Raman)

जन्मतिथी- 10 Oct 1997

आधार पासवर्ड – RAMA1997

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]