MI vs DC Weather Report: मुंबई-दिल्ली मैच पS बारिश के साया, मैच धुली तs कवना टीम के लागी झटका? जानीं समीकरण

Share

स्पोर्ट्स डेस्क: मुंबई इंडियंस बा दिल्ली कैपिटल्स के बीच मुकाबला में बरखा के संभावना बा। भारतीय मौसम विभाग मुंबई में बरखा के यलो अलर्ट जारी कइले बा। मैच के दिन मुंबई में बरखा होखे के संभावना 80 प्रतिशत बा आ अगर अइसन भइल तs मुकाबला रद्दाे हो सकत बा। भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड (बीसीसीआई) हाले में नियमन में बदलाव कइले रहे आ खेल के समय में एगो अतिरिक्त घंटा जोड़ले रहे। माने कि बरखा होखे के इस्थिति में अब एक घंटा जादे इंतजार कइल जा सकत बा।

मुंबई आ दिल्ली दुनो खातिर ई मुकाबला बहुते अहम बा काहेकि ई दुनो टीम प्लेऑफ के दउड़ में बनल बाड़ी सs। जदि मुंबई ई मुकाबला जीते में सफल रहल तs ऊ सीधे क्वालिफाई कs ली आ दिल्ली के सफर थम जाई। हालांकि, बरखा में मुकाबला धुलला पs प्लेऑफ के समीकरण बदल जाई। मुंबई के फिलहाल 12 मैचन में 14 अंक बा, जबकि दिल्ली के एतनही मैचन में 13 अंक बा।

रद्द भइल मैच तs बांटे के पड़ी अंक

जदि वानखेड़े स्टेडियम पs बुध के होखे वाला मुकाबला बरखा के कारण रद्द होला तs दुनो टीमन के एक-एक अंक मिली। अइसन में मुंबई के 15 आ दिल्ली के 14 अंक होई। एह इस्थिति में दिल्ली के आपन आखिरी मुकाबला हर हाल में जीते के होई आ ई प्रार्थना करे के होई कि पंजाब किंग्स मुंबई इंडियंस के हरा दी। एसे मुंबई के 15 अंक रह जाई आ दिल्ली 16 अंक लेके प्लेऑफ में पहुंचे वाली चउथा टीम बन जाई। ओहिजा, मैच रद्द होखला पs मुंबई के पंजाब के खिलाफ आपन अंतिम मुकाबला जीते के होई। जवना से उ प्लेऑफ खातिर क्वालिफाई कs जाई आ फेर भलही दिल्ली पंजाब के खिलाफ केतनो बड़ जीत दर्ज कs लेने उ प्लेऑफ में ना पहुंच सकी।

राहत के बात ई बा कि सांझ के समय बरखा के संभावना 50 प्रतिशत जतावलल गइल बा आ जइसे-जइसे दिन ढली आसमान साफ होखला के संभावना बा। हालांकि, एह इस्थिति में ई देखे के होई कि मैदानकर्मी केतना जल्दी ग्राउंड के सुखा पावत बा लो जवना से मैदान मैच खातिर तइयार हो सके। एह बीच, दिल्ली कैपिटल्स के सह-मालिक पार्थ जिंदल बरखा के संभावना के देखत मैच कवनो आउर शहर में करावे के आग्रह कइले बा।

आईपीएल के नया नियम

आईपीएल मंगर के नया नियम बनवले रहे जवना के तहत 20 मई से आईपीएल के बाकी ग्रुप चरण के मुकाबला आ प्लेऑफ खातिर अतिरिक्त एक घंटा के समय रखल गइल बा। एकर मतलब ई बा कि अब मैच के कटऑफ टाइम 11 बजके 56 मिनट होई। पहिले बरखा होखे के इस्थिति में कटऑफ टाइम रात 10:56 रहे। अब 11 बजके 56 मिनट तक पांच ओवर के मुकाबला सुरू करावल जा सकत बा, जवना से मैच कवनो तरे खत्म होखे।

Read Also: UP: गाजीपुर में दर्दनाक हादसा, काशीदास के पूजा में टेंट में उतरल करंट, सिपाही समेत चार के मौत; कइयन गो लोग झुलसल

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-