MI vs DC: दिल्ली के उम्मीदन पs मुंबई फेरलस पानी, प्लेऑफ में पहुंचल; सूर्यकुमार के बाद सैंटनर-बुमराह चमकलें

Share

स्पोर्ट्स डेस्क: मुंबई इंडियंस दिल्ली कैपिटल्स के 59 रनन से हरा देलस। एही के संगे मुंबई आईपीएल 2025 के प्लेऑफ में पहुंचे वाला चउथा टीम बन गइल। एकरा पहिले गुजरात टाइटंस, रॉयल चैलेंजर्स बेंगलुरु आ पंजाब किंग्स प्लेऑफ खातिर क्वालिफाई कइले रहे। बुध के वानखेड़े स्टेडियम में खेलल गइल मैच में टॉस हारके बल्लेबाजी करे उतरल मुंबई सूर्यकुमार यादव के अर्धशतकीय पारी के दम पs पांच विकेट खोके 180 रन बनवलस। जवाब में दिल्ली 18.2 ओवर में खाली 121 रन बना पावल आ ऑलआउट हो गइल। मुंबई खातिर जसप्रीत बुमराह आ मिचेल सैंटनर तीन-तीन विकेट झटकल लोग जबकि ट्रेंट बोल्ट, दीपक चाहर, विल जैक्स आ कर्ण शर्मा एक-एक सफलता अपना नामे कइल लाेग।

दिल्ली के मात देके मुंबई प्लेऑफ खातिर सीधा क्वालिफाई कs लेले बा। हालांकि, दुनो टीमन के ग्रुप चरण में अभी एक-एक मैच बचल बा। 24 मई (सनीचर) के दिल्ली कैपिटल्स के सामना पंजाब किंग्स से होई जबकि 26 मई (सोमार) के मुंबई इंडियंस के पंजाब किंग्स से भिड़ंत होई। ई दुनो मुकाबला जयपुर में खेलल जाई।

ताश के पत्तन के तरे बिखरल दिल्ली के बल्लेबाजी क्रम

लक्ष्य के पीछा करे उतरल दिल्ली के ओकर बल्लेबाज निराश कइल लोग। ओकरा खातिर समीर रिजवी सबसे जादे 39 रन के पारी खेललें। एकरा अलावे खाली तीन बल्लेबाज दहाई के आंकड़ा छू पावल। एमे केएल राहुल (11), विप्रज निगम (20) आ आशुतोष शर्मा (18) सामिल बा लोग। मुंबई के खिलाफ मैच में टीम के नियमित कप्तान अक्षर पटेल तबीयत खराब होखला के वजह से ना खेले उतरलें। उनका जगह फाफ डुप्लेसिस दिल्ली के नेतृत्व कइलें। ऊ खाली छव रन बना पवलें। एकरा अलावे अभिषेक पोरेल छव, ट्रिस्टन स्टब्स दु, माधव तिवारी तीन, कुलदीप यादव सात रन बनवलें। ओहिजा, मुस्तफिजुर रहमान खाता तक ना खोल पवलें जबकि दुष्मंथा चमीरा आठ रन बनाके नाबाद रहलें।

मुंबई के पारी

एकरा पहिले, मुंबई के सुरुआत खराब भइल रहे। पूर्व कप्तान रोहित शर्मा खाली पांच रन बनाके आउट भइलें। एकरा बाद विल जैक्स आ रेयान रिकेल्टन मोर्चा संभाले के कोसिस कइलें, बाकिर जैक्स 13 गेना में 21 रन बनाके आउट हो गइलें जबकि रिकेल्टन 25 रन बना पवलें। तिलक वर्मा 27 आ हार्दिक पांड्या तीन रन बनवलें। ओहिजा, सूर्यकुमार यादव 43 गेना में सात चौका आ छव गगनचुंबी छक्का के मदद से 73 रन के नाबाद पारी खेललें। एकरा अलावे नमन धीर आठ गेना में दु चौका आ एतनही छक्का के मदद से 24 रन बनवलें आ नाबाद रहलें। आखिरी 12 गेना में सूर्यकुमार यादव आ नमन धीर 48 रन झटकलें। दिल्ली खातिर मुकेश कुमार दु विकेट लेलें जबकि दुष्मंथा चमीरा, मुस्तफिजुर रहमान आ कुलदीप यादव एक-एक विकेट लेलें।

Read Also: पटना के भोजपुरी विद्वान डॉ. सुनील पाठक के मिलल डॉ. निर्भीक सम्मान

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-