मोटोरोला के सस्ता स्मार्टफोन भारत में लॉन्च: मोटो G14 में 50MP कैमरा आ 5000mAh बैटरी, कीमत ₹9,999

Anurag Ranjan

टेक कंपनी मोटोरोला इंडियन मार्केट में लो बजट सेग्मेंट में आपन सबसे सस्ता स्मार्टफोन Moto G14 लॉन्च कs देले बिया। स्मार्टफोन में 50MP कैमरा के संगे 5000mAh के बैटरी आ 20W के टर्बो पावर चार्जिंग सपोर्ट दिहल गइल बा।

कंपनी के दावा बा कि स्मार्टफोन के एक बेर फुल चार्ज कइला पसे यूजर के 34 घंटा तक के टॉक टाइम पावर बैकअप मिली। एकरा अलवे 94 घंटे तक म्यूजिक सुनल जा सकी भा 16 घंटे विडियो देखल जा सकी।

मोटो G14 : प्राइस आ अवेलेबलिटी

कंपनी मोटो G14 के 4GB रैम + 128GB के इंटरनल स्टोरेज के सिंगल वैरिएंट में पेश कइले बिया। एकर कीमत 9,999 बा।ई-कॉमर्स वेबसाइट फ्लिपकार्ट पs एकर प्री-बुकिंग सुरू हो चुकल बा। कस्टमर्स एकरा के 9,249 के लॉन्चिंग ऑफर में ऑर्डर कs सकत बा लो । फोन के सेल 8 अगस्त से सुरू होई।

मोटो G14: डिजाइन और डायमेंशन

मोटोरोला के मोताबिक, स्मार्टफोन के बॉडी हाई-क्वालिटी मटेरियल पॉलीकार्बोनेट से बनल बा। स्मार्टफोन स्टील ग्रे आ स्काय ब्लू कलर ऑप्शन में अवेलेबल बा। मोटो G14 राउंडेड कॉर्नर के संगे फ्लैट फ्रेम डिजाइन में आई। एकरा टॉप सेंटर में फ्रंट कैमरा खातिर होल-पंच कटआउट दिहल गइल बा।

मोटो G-14 स्मार्टफोन के स्पेसिफिकेशन्स

डिस्प्ले: मोटो G14 स्मार्टफोन में 20:9 आस्पेक्ट रेशियो वाला 6.5 इंच के फुल HD+ डिस्प्ले दिहल गइल बा। ई स्क्रीन पांडा ग्लास से प्रोटेक्टेड बा। डिस्प्ले 60Htz के रिफ्रेश रेट आ 120htz के टच सेंपलिंग रेट पs काम करेला।

हार्डवेयर आ सॉफ्टवेयर: फोन में एंड्रॉयड 13 पs बेस्ड MayUX ऑपरेटिंग सिस्टम (OS) दिहल गइल बा। फोन में परफॉर्मेंस खातिर यूनिसोक T616 ऑक्टाकोर प्रोसेसर दिहल गइल बा, जवन 2.0 गीगाहर्ट्ज क्लॉक स्पीड पs रन करेला। ग्राफिक्स खातिर एमे माली-G57 GPU मवजूद बा।

कैमरा: फोटोग्राफी खातिर नया मोटो फोन के रियर पैनल पs LED फ्लैश से लैस डुअल रियर कैमरा सेटअप मिलेला, जेमे 50 MP प्राइमरी सेंसर आ एगो मैक्रो लेंस सामिल बा। सेल्फी आ वीडियो कॉलिंग खातिर फोन में 8MP फ्रंट कैमरा दिहल गइल बा।

बैटरी आ चार्जिंग: पावर बैकअप खातिर एमे 20W के टर्बो पावर चार्जिंग सपोर्ट के संगे 5000mAh के बैटरी दिहल गइल बा।

कनेक्टिविटी आ सेफ्टी: वॉटरप्रूफिंग खातिर मोटो G14 IP52 रेटिड बा। सिक्योरिटी खातिर एकरा साइड पैनल पs फिंगरप्रिंट सेंसर दिहल गइल बा। फोन में डॉल्बी एटमॉस स्टीरियो स्पीकर आ 3.5mm जैक जइसन फीचर्स मिलेला। फोन के मोटाई खाली 7.99mm बा।

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।