[the_ad_group id="30365"]

6000mAh बैटरी आ 50MP कैमरा वाला Samsung के फोन भइल सस्ता, जानीं नया कीमत आ खूबी 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Samsung के M सीरीज के अफोर्डेबल फोन Galaxy M13 के कीमत में कटौती भइल बा। कंपनी एह फोन के पिछला साल जुलाई में लॉन्च कइले रहे। सैमसंग के ई स्मार्टफोन 4G कनेक्टिविटी, ऑक्टा-कोर प्रोसेसर, 50MP कैमरा के संगे आवेला। इहां हमनी के रउआ के सैमसंग के एह फोन के नया कीमत आ स्पेसिफिकेशन के बारे में डिटेल में जानकारी दे रहल बानी सs।

Samsung Galaxy M13 के नया कीमत

  • Samsung Galaxy M13 4G स्मार्टफोन के दु वेरिएंट में लॉन्च कइल गइल रहे। अब कंपनी दुनो के कीमत में 1000 रुपिया के कटौती इले बिया।
  • कीमत में भइल कटौती के बाद 4GB वेरिएंट के 10,999 रुपिया आ 6GB वेरिएंट के 12,999 रुपिया कीमत में किनल जा सकत बा।
  • Samsung Galaxy M13 के 4GB रैम आ 6GB रैम वेरिएंट के क्रमश: 11,999 रुपिया आ 13,999 रुपिया के कीमत में पेश कइल गइल रहे।
  • सैमसंग के ई फोन Aqua Green, Midnight Blue आ Stardust Brown तीन कलर ऑप्शन में किनल जा सकत बा।

Samsung Galaxy M13 के स्पेसिफिकेशन आ फीचर्स

Samsung Galaxy M13 स्मार्टफोन में 6.6-इंच के FHD+ LCD Infinity-V डिस्प्ले दिहल गइल बा। एह डिस्प्ले के रेजोल्यूशन 2408×1080 पिक्सल ना। फोन के डिस्प्ले Corning Gorilla Glass 5 प्रोटेक्शन के संगे आवेला।

सैमसंग के एह फोन में Exynos 850 ऑक्टा-कोर प्रोसेसर दिहल गइल बा। ई फोन 4GB रैम के संगे 64GB स्टोरेज वेरिएंट आ 6GB रैम के संगे 128GB स्टोरेज के आवेला। एह फोन में माइक्रोएसडी कार्ड स्लॉट दिहल गइल बा, जवना के मदद से 1TB तक स्टोरेज बढ़ावल जा सकत बा।

फोटोग्राफी के बात करीं तs Samsung Galaxy M13 में ट्रिपल रियर कैमरा सेटअप दिहल गइल बा। फोन के प्राइमरी कैमरा 50MP के बा। एकरा संगही फोन में 5MP के अल्ट्रा-वाइड एंगल लेंस आ 2MP के डेप्थ कैमरा दिहल गइल बा। एह फोन में 8MP के सेल्फी कैमरा दिहल गइल बा।

सैमसंग के एह फोर्डेबल फोन में 6000mAh के बैटरी मिलेला। एकरा संगही ई फोन 15W फास्ट चार्जिंग सपोर्ट के संगे आवेला। ई फोन Android 12 पs रन करेला।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]