Mother teresa Birthday: ममता के मूरत मदर टेरेसा के जन्मदिन पs उनकर विचार से ली प्रेरणा

Share

बहुत कम अइसन लोग लउकेला जे बिना कवनो स्वार्थ के आपन पूरा जीवन लोग के सेवा में समर्पित कर देला। मदर टेरेसा भी एही में शामिल बाड़ी। ऊ आपन पूरा जीवन निराधार, गरीब, असहाय आ मानवता के सेवा में समर्पित कs देली। इनकर जनम एही दिन यानी 26 अगस्त 1910 के भइल रहे। मदर टेरेसा एगो कैथोलिक नन रहली। साल 1948 में भारतीय नागरिकता ले लिहली आ साल 1980 में देश के सबसे बड़ नागरिक पुरस्कार ‘भारत रत्न’ से सम्मानित भइली । एकरा से पहिले 17 अक्टूबर 1979 के उनका के नोबेल शांति पुरस्कार से भी सम्मानित कइल गइल रहे। मदर टेरेसा अपना नीमन काम के साथे-साथे अनमोल शब्दन खातिर जानल जाली। उनकर कुछ चुनल अनमोल शब्द जानी …

  •  शांति के शुरुआत मुस्कान से होला।
  •   जदी रउरा 100 लोग के मदद ना कर सकीं तs बस एगो लोग के मदद करीं।
  •  मीठ-मीठ शब्द बोलल आसान होला बाकिर ओकर गूंज अनंत तक जाला।
  •  भगवान कबो ना चाहे ले कि हमनी के सफल होखीं सs, ऊ बस चाहे ले हमनी निरंतर कोशिश करत रहीं सs।
  •  हम भविष्य से डेरात बानी काहे कि आज हमनी के बर्बाद कर रहल बानी सs।
  • काल्ह गइल, काल्ह अबहीं नइखे आइल, हमनी के खाली आज बा। चलीं शुरुआत कइल जाव ।
  •  हम सफलता के ना बलुक आस्था के दुआ करेनी।
  •  ई ना हs कि हमनी के केतना देनी , ई बात बा कि हमनी के प्यार से केतना देले बानी।
  •  हमनी के कबो ना पता चली कि एगो छोट मुस्कान केतना बढ़िया काम कs सकता आ एतना लोग के खुशी दे सकता।
  •  जहाँ भी जाइब प्रेम के फैलाव। जे तोहरा लगे आवेला ऊ खुश होके लवट आवे।

मदर टेरेसा के भारत के प्रति विशेष स्नेह रहे। ऊ स्वेच्छा से साल 1948 में भारतीय नागरिकता ले लिहली। मदर टेरेसा के दिहल शिक्षा समाज में शांति आ प्रेम के कायम राखे के काम कइले बा । आज उनका जयंती पर देश भर में ना बलुक दुनिया के अलग अलग हिस्सा में उनका के याद कइल जा रहल बा ।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-