Morning Updates: भोर के 10 बड़ खबर
- बिहार: कोलकाता से आ रहल 1500 खाध सैम्पलन के रिपोर्ट भइल चोरी। चार हजार पन्नन के रहे जांच रिपोर्ट, कइयन गो बड़ रेस्टुरेंटस के जांच रिपोर्ट रहे शामिल।
- बिहार: बिहार यूनिवर्सिटी में रजिस्ट्रेशन घोटाला, आठ हजार छात्रन के परीक्षा फॉर्म भरे से रोकल गइल। एके रजिस्ट्रेशन नम्बर के दु-तीन छात्रन के अलॉट करा के पार्ट वन परीक्षा में शामिल करावल गइल रहे, तब मैन्युल भराइल रहे फॉर्म।
- उत्तर प्रदेश: पीलीभीत में बड़ हादसा, अचके बेकाबू होके डीसीएम पलटल, 10 के मौत। गंगा नहाके हरिद्वार से लवटत रहे परिवार।
- उत्तर प्रदेश: लोकसभा उपचुनाव, आजमगढ़ आ रामपुर में मतदान सुरु, आजम के पुलिस पs आरोप।
- झारखंड: मांडर उपचुनाव खातिर आज जारी बा वोटिंग, ईवीएम में कैद होई 14 प्रत्याशियन के किस्मत; सुरक्षा के कड़ा बा इंतेजाम।
- उद्धव बोलले- विधायक कही लो तs इस्तीफा दे देम, परिवार के साथे सीएम हाउस छोड़ले।
- सोनिया गांधी के ईडी के सोझा पेशी आज, तबीयत के वजह से समय मंगली।
- भूकंप से हिलल अफगानिस्तान, एक हजार से जादे मौत, 1500 घायल।
- 6 राज्यन में उपचुनाव आज: तीन लोकसभा आ 7 विधानसभा सीट खातिर मतदान जारी। 26 जून के आई नतीजा।
- भारत चार दिन के अभ्यास मैच आज से खेली, 13 खेलाड़ियन के मिली मवका। एक जुलाई से बा रीसीड्युलड मैच।
Comments are closed.